मोटरसाईकल दुर्घटना मे दु जने के मृत्यु, एक जने अस्पतल भर्ना

प्रभु यादव

बारा २७ कातिक

बारा मे मोटरसाईकल दुर्घटना मे पर के दु जने के मृत्यु भईला के साथे एक जने अस्पताल भर्ना भईल बाडन । कोल्हबी नगरपालिका वार्ड नम्बर १ बटौलिया चौक लगे शनिचर के करिब रातके ८ बजे कोल्हबी से श्रीपुर के ओर जारहल ना.४२प८०२३ नम्बर के मोटरसाइकल आपने अनियन्त्रित होकर के बटौलिया मे ही रहल स्वास्थ्य चौकी के भवन मे लड के तीन जने सवार मोटरसाइकल दुर्घटना भईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । दुर्घटना भईला पर घायल भईल तिनु जने के ईलाज के खातिर बीरगंज नारायणी अस्पताल मे लेगईल रहल । ईलाज करा रहल तिनु जने मेसे दु जने के मृत्यु भईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी । मृत्यु भईल कोल्हबी नगरपालिका वार्ड नम्बर १ कोल्हबी टोल के बरीस २० के सागर चौधरी आ उहे जगहा के बरीस १९ के सुशिल चौधरी रहल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र बतवले बानी ।

घायल भईल कोल्हबी नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ श्रीपुर के बरीस २० के अशोक चौधरी के नारायणी अस्पताल मे ईलाज होरहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।