प्रदेश २ के उद्योगमन्त्री यादव बर्खास्त

जनकपुरधाम ३० कातिक
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्री रामनरेश राय यादव के बर्खास्त कईले बाडन ।
मुख्यमन्त्री मन्त्री यादव के पदमुक्त कईल पत्र प्रदेश प्रमुख के कार्यालय मे पठावल गईल प्रदेश सरकार के प्रवक्ता भी रहल अर्थमन्त्री शैलेन्द्र साह जानकारी देहनी ।
जनता समाजवादी पार्टी के नेता भी रहल यादव सम्हारल मन्त्रालय नेकपा एकीकृत समाजवादी के देवेके तइयारी बा ।
एकरा से पहिले मंगर के दिने मन्त्री यादव के राजीनामा देवे खातिर निहोरा कईल माकिर ना देहला के बाद पदमुक्त कईल अर्थमन्त्री साह जानकारी देहनी ।
२०७४ साल के प्रदेशसभा निर्वाचन मे यादव तत्कालिन राष्ट्रिय जनता पार्टी से निर्वाचित भईल रहलन । बाद मे राजपा आ संघीय समाजवादी पार्टीबीच एकीकरण होके जनता समाजवादी पार्टी बनल रहे ।
माकिर जसपा मे महन्थ ठाकुर पक्ष सँगे के विवाद के बाद मुख्यमन्त्री राउत तत्कालिन राजपा से मन्त्री बनल आउर मन्त्री बर्खास्त कईला पर यादव कहनी उपेन्द्र यादव पक्ष के समर्थन कईला के चलते मन्त्रिपरिषद मे कायमे रखले रहलन ।






