सामान्य विवाद मे छुरा चलल, एक के मृत्यु, एक घायल

सिरहा ०४ पुस

सिरहा के गोलबजार नगरपालिका–६ मे शनिचर के रात युवालोग के समूहबीच सामान्य विवाद मे छुरा चलला पर एक जने के मृत्यु भईल बा । दोसर एक गम्भीर घायल भईल बाडन । छुरा प्रहार से गोलबजार नगरपालिका ६ डोहटिया के अन्दाजी २१ बरीस के रामकुमार सदाय के मृत्यु भईल बा । छाती मे छुरा लागल उनकर ईलाज के खातिर धनगढीस्थित आरके मेडिसिटी अस्पताल पुगईला के बाद चिकित्सक मृत घोषणा कईल पुलीस जनवले बा ।

मृतक सदाय के समूह के १९ बरीस के रितेश सदाय गम्भीर घायल भईल बाडन । उनकर आरके मेडिसिटी अस्पताल मे ईलाज हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सिरहा के प्रवक्ता तथा डीएसपी सुवास बुढाथोकी जानकारी देहनी ।

एतवार के सबेरे से डोहटिया टोल के बासिन्दा गोलबजार मे आके पूर्व–पश्चिम राजमार्ग अवरुद्ध कईनी । उलोग इलाका प्रहरी कार्यालय गोलबजार अगाडि आ राजमार्ग के अनेकन क्षेत्र मे टायर बारके प्रदर्शन कईले रहलन । उलोग बजार भी बन्द करावत रहलन । अभी पीडित पक्ष आ स्थानीयबीच सहमति भइल बा । दोषी के २४ घण्टा भितर कारवाही, घायल के ईलाज आ मृतक परिवार के क्षतिपूर्ति उपलब्ध करावे के सहमति भईल बा । विवाद कउन विषय मे भईल उ अभी तक ना खुलल डीएसपी बुढाथोकी के कहनाम बा । घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।

स्थानीय के मुताविक मृतक आ घायल लगायत ५÷६ जने मजदुरी करेलन । उलोग रात मे काम से घर फिर्ता होत रहलन । दोसर समूह गालीगलौज कईला पर विवाद बढल रहे । उलोग मेसे अधिकांश मादक पदार्थ सेवन कईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।