वीरगंज मे पिछडावर्ग महासंघ जरवलख प्रधानमन्त्री देउवा के पुत्ला

वीरगंज ०७ माघ

पेट्रलियम पदार्थ के मूल्य वृद्धि के विरोध मे वीरगंज मे प्रधानमन्त्री के पुत्ला दहन कईल बा ।

अखिल नेपाल पिछडावर्ग (ओबीसी) महासंघ प्रधानमन्त्री शेरहादुर देउवा के पुत्ला दहन कईले बा ।

वीरगंज के माईस्थान चोक मे भेला भईल ओबिासी के नेता कार्यकर्तालोग मूल्य वृद्धि फिर्ता करेके माग राखला के साथे सरकार विरुद्ध नाराबाजी कईले रहलन । उलोग सरकार के नालायक, निकम्मा, जनतामारा के संज्ञा देत मुर्दावाद के नारा लगवले रहलन ।

प्रदर्शनकारी गौर हत्याकाण्ड दोहोरावेके अभिव्यक्ति देके विवाद मे रहल मन्त्री रेणु यादव के पद खारेज करेके माग भी रखले बाडन ।

पेट्रोलियम पदार्थ के मुल्य वृद्धि के विरोध मे आधा घण्टा प्रदर्शन कईला के बाद पुत्ला दहन कईल ओबीसी महासंघ केन्द्रिय उपाध्यक्ष अकलेश साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।