हमर जित ना, पाँच दलीय गठबन्धन के जित ह :- अर्याल

वीरगंज १४ माघ
पाँच दलीय गठबन्धन से मधेश प्रदेश मे निर्वाचित राष्ट्रिय सभा के सदस्य उर्मिला अर्याल खुद के निर्वाचित बनावला मे आभार प्रकट करत हमर जित ना होके, प्रतिगमन आ प्रतिगमनकारी विरुद्ध के षडयन्त्र के चिरत गणतन्त्र, संघियता, समावेशी लोकतन्त्र आ समाजवाद उन्मुख व्यवस्था के आउर सुदृढ आ संस्थागत करे मे गठित पाँच दलिय सफल भईल बा ।
नेकपा माओवादी केन्द्र पर्साके कार्यालय मे समाजवादी प्रेस संगठन नेपाल पर्सा से आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ वीरगंज के आर्थिक राजधानी, राजविराज के पर्यटीकय स्थल घोषणा करके सभी शहर के आपन—आपन हिसाब से सम्मान करेके बतवनी ।
नेकपा माओवादी केन्द्र के केन्द्रिय सदस्य भी रहल अर्याल गृह जिल्ला पर्सा के विकास के योजना बारे मे सवाल कईला पर पर्सा जिल्ला के पूर्वाधार विकास से शिक्षा आ स्वास्थ्य मे अभी भी पहँुच पुगावे खातिर आपन भिजन रहल बतवनी । उ पर्सा के १४ गो स्थानिय तह के, उत्तर से दक्षिण आ पूर्व से पश्चिम तक मेरुदण्ड के रुप मे रहल राजमार्ग से जोडेके सोंच बनावल बतवनी ।
नेपाली काँग्रेस, नेकपा माओवादी केन्द्र, नेकपा एकिकृत समाजवादी, जनता समाजवादी पार्टी आ राष्ट्रिय जनमोर्चा नेपाल करके पाँच दलिय गठबन्धन से मधेश प्रदेश मे राष्ट्रिय सभा सदस्य नेकपा केन्द्र ओरी से उर्मिला अर्याल आ जनता समाजवादी के ओरी से महमद खालिद निर्वाचित भईल रहलन ।
समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष मनोज पटेल के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रदेश सांसद पसविना कादरी, नेकपा माओवादी केन्द्र पर्सा के ईन्चार्ज विजय कुमार महतो, पर्सा संयोजक रामदरश कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






