बियाह के रथ पलटके दुर्घटना मे परल परिवार खातिर नेता सोनल कईलें सहजोग

प्रभु यादव

बारा २० माघ

बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका मे बियाह के रथ से दुर्घटना मे घायल भईल आ मृतक परिवार के लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी नेपाल के कार्यकारिणी सदस्य एवं मधेश प्रदेश के अध्यक्ष जितेन्द्र सोनल ५० हजार रोपेया सहजोग कईले बानी ।

सहजोग देहत नेता सोनल मधेश प्रदेश मे मधेशी दल के सरकार रहल माकिर दलित परिवार के केहु केहु से सहजोग ना आइल दुःखद बात भईल बतवले बानी । घटना मे परल कारण से सभे दलित बस्ती शोक मे रहल नेता सोनल जनकारी करावले रहनी । मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत घटना के सम्बन्ध मे अभि भि कवनो चासो ना लिहले बानी दुःखद बात रहल सोनल के कहनाम रहल रहे । पीडित दलित परिवार के प्रदेश सरकार से सहजोग करे के परल नेता सोनल के जोड रहल रहे ।

माघ १० गते लछु महरा के बेटा सञ्जय महरा के बियाह मे रथ अनियन्त्रित होकर के १४ जने घाइल आ दु जने मरल रहनी । घाईल भईल लोग के ईलाज वीरगंज, काठमाण्डु आ कलैया के अस्पताल मे होरहल बा । घायल लोग आ मरल के वरिवार लोग मे सहजोग पुगे खातिर नेता सोनल पईसा सहजोग कईले बानी लोसपा नेपाल के संजय यादव जनकारी करावले बानी । सहजोग के रोपेया देवे पुगल नेता के साथे पार्टी के नेता कार्यकर्ता सभे के सहभागिता रहल रहे ।

नेपाल रेडक्रस सोसाईटी केन्द्रीय समिति मधेस प्रदेश के अनेकन स्वास्थ्य संस्थासब मे स्वास्थ्य सामान हस्तान्तरण कईले बा । युनिसेफ के सहजोग मे मिलल स्वास्थ्य सामान नेपाल रेडक्रस सोसाईटी मधेस प्रदेश समिति आ पर्सा शाखा के रोहबर मे बियफे के दिने हस्तान्तरण कईले बा ।

रेडक्रस सोसाईटी मधेस प्रदेश मे रहल स्वास्थ्य संस्थासब नारायणी अस्पताल, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा, प्रादेशिक अस्पताल कलैया लगायत के जगहा मे स्वास्थ्य सामानसब हस्तान्तरण कईले बा । नेपाल रेडक्रस सोसाईटी केन्द्रीय कार्यालय से नागेन्द्र अर्याल लेके आईल सामानसब मध्य यौनरोग संक्रमण रोकथाम के खातिर जरुरी किट, अनेकन यौन हिंसा मे परल पीडितलोग के खातिर जरुरी सरसफाई के किटसब तथा प्रजनन् स्वास्थ्य मे प्रयोग करेवाला अनेकन स्वास्थ्य सामानसब हस्तान्तरण कईल नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा शाखा के सभापति विरेन्द्रराज कडेँल जानकारी देहनी ।

कोरोना महामारी मे खोप आ संक्रमण नियन्त्रण मे केन्द्रीत भईला पर जनानीलोग के स्वास्थ्य उपचार प्रभावित होखेवाला भईला से जनानीलोग के स्वास्थ्य संवेदनशिलता के मध्यनजर करके स्वास्थ्य सामानसब हस्तान्तरण कईल नेपाल रेडक्रस सोसाईटी मधेस प्रदेश के अध्यक्ष फूल महम्मद मियाँ बतवनी ।

स्वास्थ्य सामग्री नारायणी अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट डाक्टर खालिद हसन आ नर्सिङ प्रमुख हेमा थापा के हस्तान्तरण कईल रहे । हस्तान्तरण कार्जक्रम मे नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सभापति कडेँल, मधेस प्रदेश समिति अध्यक्ष मियाँ, पर्सा शाखा के सदस्य शिवनाथ यादव, अस्पताल के ओरी से निमित्त मेसु डा.खालिद हसन, हेमा थापा, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खड्का, रेडक्रस के स्टोर शाखा प्रमुख वीरशम्सेर प्रसाद कुर्मी, रक्तसञ्चार केन्द्र के प्राविधिक प्रमुख सौरभराज पाण्डे लगायत के सहभागीता रहल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सहायक राजन श्रीवास्तव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।