दहेज प्रथा के चुनौती देत चौरसिया कईलें आदर्श वियाह

वीरगंज ०९ फागुन
तराई मधेस मे महामारी के रुप मे फईलल दहेज प्रथा के चुनौती देत पर्सा जिल्ला मे एक जोडी आदर्श वियाह कईले बाडन । वीरगंज स्थित श्री सिता आयुर्वेदीक सेन्टर प्रा.लि.के सिईयो हरेराम चौरसिया वीरगंज वार्ड नं. ४ निवासी दिव्या चौरसिया सँगे वीरगंज मे हिन्दू परम्परा मुताविक वियाह कईले बाडन ।
पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ हाल वीरगंजज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ रानीघाट स्थित श्री सिता आयुर्वेदीक सेन्टर प्रा.लि. वीरगंज के म्यानेजिङ्ग डाईरेक्टर एवं समाजसेवी सत्रुध्न प्रसाद चौरसिया के बेटा हरेराम चौरसिया आ वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ४ लक्ष्मीनगर टोल रहेवाला जादोलाल चौरसिया के बेटी दिव्या चौरसिया सँगे फागुन ६ गते वैवाहिक बन्धन मे बन्हाईल बाडन ।
मधेस मे विकृति के रुप मे फईलल दहेज प्रथा के निरुत्साहित करे खातिर दहेज ना लेके बियाह कईल हरेराम चौरसिया बतवनी । तराई मधेश मे विपन्न से धनीक परिवार के युवालोग भी वियाह मे दहेज लेवेलन । एक प्रा.लि.के सञ्चालक चौरसिया आदर्श वियाह करेके स्वघोषणा से समाज मे सकारात्मक संदेश प्रवाह भईल बेहुली के बुवा जादोलाल चौरसिया बतवनी ।






