नारी दिवस के अवसर मे ४२ जने कईलें खुनदान

वीरगंज २४ फागुन
अन्तराष्ट्रिय नारी दिवस के अवसर मे आजु वीरगंज मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा । वीरगंजस्थित यूनिटी फुड कोर्ट मे भईल कार्जक्रम मे २१ पुरुष सहित ४२ जने खुनदान कईल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज जनवले बा ।
ब्लड डोनर्स एसोसिएसन नेपाल पर्सा से आयोजना कईल कार्जक्रम मे गोबिन्द देवकोटा, नौतन सरावगी, प्रिया खड्गी, रोशनी श्रेष्ठ, सरिता चौधरी, श्याम सुन्दर दास, अस्मिता पटेल, सुनिता पाण्डे, अनुप सरावगी, तबरेज अहमद, विपना बाखरी, निलम चौधरी, रुबी श्रेष्ठ, अनिल कुमार हाजरा, प्रलिसा श्रेष्ठ, निशा चौधरी, पुर्षाेत्म श्रेष्ठ, मोबिना खातुन, शशी श्रेष्ठ, मनिषा कुमारी श्रेष्ठ, अर्चना चौधरी, सबिता कुमारी, छेदुप लामा, नौसाद अन्सारी खुनदान कईले बाडन ।
एहितरे संतोष गिरी, बिरेन्द्र गिरी, दिक्क्षा ठकुरी, सम्झना बुझेल, रेनु सर्राफ, सुमित कुमार भंगर, तपिन्द्र कुंवर, सबना श्रेष्ठ, रुपेश मनान्धर, बिकास कुमार साह, विजय साह, नविन भक्त, नरेन्द्र प्रसाद, बेलाल अहमद, संसाज्ञ लामा लगायत के लोग खुनदान कईल जनावल गईल बा ।






