१५ बरीस के लइकी के बलात्कार कईल आरोप मे कोईरी पकडईलें

वीरगंज ०८ चईत

पुलीस वीरगंज मे १५ बरीस के लइकी के जर्बजस्ती करणी कईल अभियोग मे एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बहुदरमाई नगरपालिका–९ विश्रामपुर रहेवाला ३५ बरीस के सन्देश महतो कोइरी बाडन । लइकी से वियाह करेम कहके झुठ्ठा प्रलोभन मे पार के नयाँ–नयाँ जगहा मे घुमफिर करावे के वहाना मे बेर–बेर जबरजस्ती करणी करत आईल उजुरी परला के बाद उनका के पकडल पुलीस जनवले बा ।

पिछिलका बेर चईत ६ गते रात १० बजे वीरगंज– १५ भिश्वास्थित आपन डेरा मे लेजाजके करणी कईल उजुरी चईत ७ गते अभिभावक से देहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

करणी सम्बन्धी कसुर मे पर्सा जिल्ला अदालत से ५ दिन थुना मे राखेके अनुमति लेके उलोग के बारेमे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।