हार्डवेयर आ खुद्रा समान लादल ट्रक पुलीस नियन्त्रण मे

वीरगंज ०८ चईत

पुलीस वीरगंज से भन्सार छली के समान लेहल आशंका मे एगो ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ८ घण्टाघरस्थित सडकखण्ड से ना ३ ख ४३५९ नम्बर के मालवाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ट्रक मे भन्सार छल के लियावल हार्डवेयर तथा खुद्रा मालवस्तुसब लोड रहल दावी पुलीस कईले बा ।

प्रज्ञापनपत्र विना हार्डवेयर तथा खुद्रा मालवस्तुसब लोड करके जनकपुर लेजारहल कहके सूचना के आधार मे खटल टोली ट्रक नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

रोक के जाँच करेके समय मे सूचना अनुरूप हि भन्सार छली करके लियावल हार्डवेयर तथा खुद्रा मालवस्तुसब मिलला से नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी । बरामद कईल सामान के दाम ४० लाख रोपेया अनुमान कईल बा । नियन्त्रण मे लेहल ट्रक समान सहित जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।