नेकपा एस के परवानीपुर गा.पा. कमिटी गठन

वीरगंज १२ चईत
नेकपा एकीकृत समाजवादी पार्टी आजु बारा के परवानीपुर गाँवपालिका मे भेला कईले बा । भेला से सर्वसहमति से ६१ सदस्यीय गाँवपालिका कमिटी गठन भईल बा ।
कमिटी के अध्यक्ष मे राम यादव, उपाध्यक्ष मे सहमद अन्सारी, रामेश्वर पटेल, सचिव मे रिनकु मिश्रा, सह सचिव मे विजय पटेल, सदस्यलोग मे शुशिल ठाकुर, लालबहादुर पटेल, भगवान प्रसाद यादव, सोभा यादव, शिव दुलारी देवी, धर्मशीला देवी रौनियार, अनोज यादव जितेन्द्र राम लगायत सदस्यलोग रहल बाडन ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी एकीकृत समाजवादी पार्टी के पोलिट ब्यूरो सदस्य तथा बारा जिल्ला इन्चार्ज दिनेश राई निर्वाचित पदाधिकारीलोग के पद तथा गोपनीयता के शपथ ग्रहण करवले रहनी । एकीकृत समाजवादी पार्टी जनता के सेवा करेवाला पार्टी रहल आ केपी ओली के प्रतिगमन कदम के चलते खुदसब माधव नेपाल के अध्यताक्ष मे नेकपा एकीकृत समाजवादी पार्टी गठन कईल बतवनी । उ निर्वाचित कमिटी स्थानिय निकाय के निर्वाचन के तईयारी मे लागे खातिर निर्देशन भी देहनी ।
कार्जक्रम के बिशिष्ट अतिथि प्रदेश सभा सदस्य तथा बारा जिल्ला अध्यक्ष सुन्दर बिश्वकर्मा निर्वाचित कमिटी के शुभकामना देत जनता के चाहना मुताविक काम करे खातिर निहोरा कईनी । आवेवाला स्थानिय निर्वाचन मे नेकपा एकीकृत समाजवादी पार्टी पहिलका पार्टी के रूप मे उदावेके आ आम जन्ता के आधारभूत जरुरत गास, बास, कपास लगायत के जनमुखी काम करेके दाबी कईनी ।
पार्टी के वरिष्ट नेता ओमप्रकाश पटेल शुभकामना व्यक्त रात ई पार्टी मे कउनो भी पद के लोभ ना करके आईल आ पार्टी के निर्देशन मुताविक काम करेके बतवनी । उ समाजवादी पार्टी एकमात्र राजनीतिक निकास देवेवाला पार्टी भईला से पार्टी मे लागे खातिर आम जन्ता के निहोरा कईनी ।
कार्जक्रम मे बारा सह इन्चार्ज श्री पासवान, पार्टी के नेता कृष्ण खनाल, कौशल किशोर सिंह, विक्रम ठाकुर, लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।






