नेपाल मे अभी तक ५८ हजार के कोरोना परीक्षण

काठमाण्डु १८ वैशाख

नेपाल मे अभी तक कोरोना संक्रमण के ५८ हजार गो परीक्षण कईल बा ।
जउना मेसे ४६ हजार ८ सय ६० गो परीक्षण ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेस्ट (आरडीटी) विधि से कईल बा आ प्रयोगशाला मे १२ हजार ११ गो कईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक प्रदेश १ मे ४ हजार ९ सय ८५, प्रदेश २ मे ५ हजार ४ सय ५६, बागमती प्रदेश मे ८ हजार ३ सय ६१ नमुना परीक्षण भईल बा ।

एहितरे गण्डकी प्रदेश मे ५ हजार ४ सय ११, प्रदेश ५ मे ३ हजार ७ सय ९, कर्णाली प्रदेश मे ५ हजार ४ सय ३६ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे १३ हजार ४ सय ११ गो आरडिटी विधि से कोरोना एन्टीबडी परीक्षण भईल प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा जानकारी देहनी ।
वितल २४ घण्टा मे प्रयोगशाला आ ¥यापिड टेस्ट करके करिब १७ सय गो नमुना परीक्षण भईल बा । ई सभी के नतिजा नेगेटिभ आईल बा ।

अभी तक नेपाल मे ५७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा, उ मेसे १६ जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन । संक्रमित मेसे सब से बहुते विराटनगर के कोशी अस्पताल मे ३१ जने ईलाज करा रहल बाडन । एहितरे वीरगंज मे ८ आ भरतपुर तथा कैलाली मे १—१ जने ईलाज करा रहल बाडन । उलोग के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य रहल बा ।

अभी देशभर करके २३ हजार हजार ३ सय ३६ जने क्वारेन्टाइनस्थल मे बाडन । उपत्यका मे ३ आ उपत्यका बाहर के अस्पताल मे ७७ करके ८० जने आइसोलेसन मे रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।