वीरगंज मे नेकपा एस के मोटरसाइकल जुलुस

वीरगंज ०३ बैशाख
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एकिकृत समाजवादी पार्टी के वार्ड स्तरिय मोटरसाइकल जुलुस निकालल गईल बा । नेकपा एकिकृत समाजवादी पार्टी के निर्वाचन परिचालन प्रचार प्रसार समिति के संयोजक अनिल पटेल के नेतृत्व मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१४ छोटका पिपरा से सुरु भईल जुलुस बहुअरी, तीन टोलिया, बडका पिपरा, नयाँ बस्ती, पटेल चौक लगायत अनेकन जगहा मे घुम के चिनिमिल आवास क्षेत्र मे ओराईल रहे ।
कार्जक्रम मे नेकपा एकिकृत समाजवादी पार्टी के पोलिट व्युरो सदस्य एवं पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज रामचन्द्र साह, जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, नेकपा एस वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी, युवा संघ नेपाल के पवन पटेल लगायत सयो के संख्या मे सहभागीता रहल रहे ।






