कम समय मे आपन अलगे पहिचान बनावेमे सफल ओम होस्पिटल पाँच वाँ बरीस मे पुगल

अजय चौरसिया
वीरगंज १० बैशाख
वीरगंज ओम हस्पिटल प्रसुती गृह तथा निःशन्तान (बाझोपन) उपचार केन्द्र ५ वाँ बरीस मे पुगल बा ।
वीरगंज के बिर्ता स्थित पुराना नापी शाखा भवन मे सञ्चालित वीरगंज ओम हस्पिटल स्थापना भईल आजु ५ वाँ बरीस मे पुगल सुखद उपलक्ष्य मे वीरगंज के होटल लडस दयालु मे एक भव्य कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
अस्पताल मधेश प्रदेश मे पहिलका बेर अन्तर्राष्ट्रिय स्तर के स्टान्र्डर आईभिएफ सेन्टर भी बनावे लागल जनावल गईल बा ।
अस्पताल के प्रबन्ध निर्देशक डा. रामाशंकर दीप के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी नेपाल चिकित्सक संघ के अध्यक्ष डा. अरुण कुमार सिंह, बिशिष्ट अतिथी डा. प्रमोद सर्राफ, अतिथीलोग स्त्रीरोग विशेषज्ञ डा. मञ्जु लता अग्रवाल, क्यान्सर बिशेषज्ञ डा. सुरेश दीप लगायत के आदमीसब अस्पताल मेडिकल क्षेत्र मे कम समय मे आपन अलगे पहिचान बनावे मे सफल भईला मे बधाई देत उत्तरोतर प्रगति के कामना भी कईले रहलन ।
अस्पताल के सञ्चालक स्त्री तथा प्रसुती रोग विशेषज्ञ डा. जगत दीप ओम अस्पताल दुरबिन के माध्यम से पाठेघर के (ल्याप्रोस्कोपी) बिधि से (टिएलएच) अभी तक १२५ से बेसी शल्यक्रिया करेमे सफल भईल बतावत सुईद्धारा बच्चा राखेके (आईयुआई) २ सय से बेसी सफल शल्यक्रिया करेमे सफल भईल आपन प्रस्तुती मार्फत जनवले रहनी ।
अस्पताल अभी तक २ सय से बेसी निसन्तान दम्पति के सफल ईलाज करके बच्चा के सुख देवेमे सफल भईल डा. जगत दीप बतवनी ।
उ अवसर मे भरतपुर के क्यान्सर रोग विशेषज्ञ डा. सुरेश दीप क्यान्सर कहल का ह ?, क्यान्सर के किसिम, लक्षण, बँचेवाला उपाय लगायत के बारे मे प्रस्तुतीकरण मार्फत जानकारी देहले रहनी । उ अवसर मे क्यान्सर रोग विशेषज्ञ डा. दीप क्यान्सर रोग बडका आ महँगा ईलाज भईला पर भी समय मे ईलाज करईला पर ठिक भी होखेके बतवनी । डा. दीप ओम अस्पताल वीरगंज मे हरेक महिना मे २ दिन आके सेवा देवेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे अनेकन अस्पताल मे कार्यरत्त चिकित्सक, डाक्टर, नर्स, शिक्षक, सञ्चारकर्मी लगायत के सहभागीलोग के प्रमाणपत्र भी बाँटल गईल रहे ।






