आचारसंहिता विपरीत जुलुस मे लईकालइकी के प्रयोग बढल

अजय चौरसिया
वीरगंज १२ बैशाख
वैशाख ३० गते होखेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन के खातिर उम्मेदवारी दर्ता करावे पुगल दलसब जुलुस मे लईकालइकी के बहुते प्रयोग कईल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।
आचारसंहिताविपरीत दलसब छोटा छोटा लईकालइकी के ढोल बाजा तथा जुलुस मे दल के झन्डा देके डिजे आ बाजा मे नाचे खातिर भी प्रोत्साहित कईले बाडन ।
मधेस प्रदेश के अधिकांश जिल्ला मे अईसन दृश्य देखल गईला पर भी नियमनकारी सरोकारवाला निकाय अईसन विकृति रोके खातिर कउनो वास्ता नईखन कईले ।
पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही, महोत्तरी, धनुषा, सिराहा, सप्तरी करके आठ गो जिल्ला मे अईसन गतिविधि देखल गइल उपर कउनो निकाय भा दल वास्ता नईखन कईले ।
चुनाव के समय लईकालइकी के चुनाव प्रचार, सभा, जुलुस, गोष्ठी, बतकही, मतदान लगायत के काम मे प्रयोग करे ना मिली आ लईकालइकी के उपयोग करेवाला दलसब के कारवाही होखेके अधिकारकर्मीलोग बतवले बाडन ।





