हथकडी सहित फरार भईल आदमी निजगढ से पकडईलें

सिमरा १८ सावन
हथकडी सहित फरार भईल जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१६ टांगियाबस्ती के सागर लामा के पुलीस बियफे के सँझिया निजगढ से नियन्त्रण मे लेहले बा । सावन १६ गते टांगियाबस्तीस्थित घर से हथियार सहित पकडाईल कुछ समय मे फरार भईल ३५ बरीस के लामा के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
बारा के प्रहरी उपरीक्षक होविन्द्र बोगटी के मुताविक लामा आत्मसमर्पण करे खातिर निजगढ पुगल रहलन । उहे समय मे पुलीस निजगढ से उनका के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
हथकडी सहित फरार रहल लामा के गोली मारके नियन्त्रण मे लेवेके आदेश देहला के बाद परिवार के सदस्य लामा के आत्मसमर्पण के खातिर राजी भईल आ उहे मुताविक निजगढ पुगल प्रहरी उपरीक्षक बोगटी के कहनाम बा । लामा के नियन्त्रण मे लेहला पर हथकडी काटल अवस्था मे रहल बोगटी जानकारी देहनी । हथकडी सहित फरार भईल लामा के नियन्त्रण मे लेवे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा सादा डरेस मे भी पुलीस परिचालन कईले रहे ।
वन्यजन्तु चोरीशिकारी मे संलग्न रहल सूचना मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ के टोली लामा के टांगियाबस्तीस्थित उनकर घर से दु राउण्ड गोली लोड भर्ईल भरुवा बन्दुक आ बाघ के दाँत, रौं, नोह जईसन देखल जाएवाला सामान सहित नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
लामा के नियन्त्रण मे लेके आवेके समय मे स्थानीयलोग पुलीस उपर आक्रमण कईला पर भी उ हथकडीसहित फरार भईल रहलन । पुलीस के रास्ता रोकके स्थानीयलोग पथल चलावे लागला के बाद लामा भागेमे सफल भईल रहलन । उ समय मे पुलीस आ स्थानीयबीच झडप भईल रहे आ पुलीस स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पाँच राउण्ड हवाई फायर भी कईले रहे । स्थानीय से झडप भईला पर इलाका प्रहरी कार्यालय मे कार्यरत बरिष्ठ प्रहरी नायब निरीक्षक कलमबहादुर शाही आ प्रहरी सहायक निरीक्षक बलराम गिरी सामान्य घायल भईल रहलन । उलोग के देह मे चोट लागला के साथे पुलीस के डरेस फाटल रहे ।






