बारा पुलीस अदालत के आदेश ना मानके कानुन उलंघन कर रहल पिडित अंसारी के आरोप

प्रभु यादव

बारा २० भादो

बारा पुलिस कानुन के उलंघन कर के पिडक के बँचारहल कासिम अंसारी पत्रकार सम्मेलन कर के आरोप लगवले बानी ।

कलैया के देवकीलाल धर्मशाला मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे बारा जिल्ला अदालत से पिडक के पकडेला पुर्जी प्रहरी मे पेठावला पर ना पकड के कानुन के धजि उडावल अंसारी के सिकायत रहल बा । सिम्रौनगढ नगरपालिका–३ जोरलाहीटोल मे नेपाली काँग्रेस के वार्ड भेला कर के अधिवेशन के खातिर प्रतिनिधि छनौट करेला बईठल बईठक मे सझिया भईला से विहान कहला पर बलजफ्ती करेवाला फुलमह्मद अंसारी, अजिउल्लाह मिया अंसारी आ सराजुल अंसारी लगायत आठ जने हासिम मियाँ अंसारी, हासिम मिया अंसारी आ सुजायत अंसारी के रड आ बास के फाटा भला सहित चला के खतविखत बना देहले रहल जवना के मुद्दा मे दोषी प्रहरी ना पकडल अंसारी के आरोप रहल बा ।

मिति २०७८÷७÷२९ गते भईल घटना मे घायल रहल तिनो अंसारी लोग के एल.एस. न्युरो हस्पिटल वीरंगज मे भर्ना रह के दवाई करारहल समय सिरियस रहल देख के सिम्रौनगढ ईलाका प्रहरी कार्यालय ज्यान मारे के काम कईल मुद्दा ३० गते दर्ता कईले रहे । आरोपीत पिडक आठु जनेके प्रहरी उपरिक्षक होविन्द्र बोगटी पईसा के प्रलोभन मे पर के ना पकडल अंसारी के आरोप रहल बा ।

प्रहरी सहर्जमिन मुचुल्का कर के कुछ लम्बा समय तक प्रतिवेदन बनाके अदालत मे मुद्दा पठादेहल जवना मे पकडेला पुर्जी कटला बाद भि ना पकडलख अंसारी के सिकायत रहल बा । आपने अनुसन्धान करत समय ना पकडलख माकिर अदालत से आईल पत्रके अवहेलना कर के पिडक के ना पकडल कानुन के धजिया उडावल गईल अंसारी बतावले बानी । होविन्द बोगटी डिएसपी के कहेला कहत रहलन आ डिएसपी फिर से अदालत से फिर से पत्र कटवाव जवाफ देहत रहल आ अदालत के कर्मचारी पत्र पठावल बा जवना से प्रहरी कवनो बेर पकड सकता कह के पेठावत रहल अंसारी पत्रकार सम्मेलन मे बतावले बानी ।

अदालत के श्रेस्तादार पिडक सात जने के वकपत्र कटलख माकिर अजिउल्लाह मिया के बकपत्र ना देहले रहल तगदा कईला पर पिडक के पता ना देहकर के श्रेष्तादार अपन मातहत मे वकपत्र करा के पईसा के धरौटी मे छोदेहल जवन नियतमे गडबड रहल अंसारी के सिकायत रहल बा । दु दिन पहिले बारा जिल्ला अदालत के ईजलास नम्वर २ के न्यायाधीश मुकेश उपाध्याय पहिलका पेसी मे ही जान मारेवाला मुद्दा के कुटपिट चलावे के आदेश कईल आपन चित ना बुझल अउरी कुछ लेनदेल के खेल भईल अंसारी बतावले बानी ।

पिडित के मुड मे घाव भईल अस्पताल मे अभि भि दवाई चलारहल प्रमाण रहते विना देखले मुद्दा के बदल देवेके काम न्याय लेवे बाला से धोखा भईल पिडित अंसारी बतावले रहनी । नियमतह पकडेवाला पत्र के अदालत के अवहेलना प्रहरी से कईल गईल अदालत के न्यायधिस कुछो देखके मुद्दा के कमजोर बनादेहल अन्याय भईल अंसारी दुःख सुनावले बानी ।

अब न्याय कईसे मिली पिडित के ओहीसे पत्रकार सम्मेलन कर के सरोकारवाला सब के जनकारी करावेला सञ्चार माध्यम से सभे के जनकारी करेला बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।