जनता के सेवा पहिलका प्राथमिकता मे रही : प्रजिअ भूषाल

जनता के सेवा पहिलका प्राथमिकता मे रही : प्रजिअ भूषाल

वीरगंज १२ पुस

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकार दिनेश सागर भूषाल अभी के शासन प्रणाली हि समूहिक प्रयास से होखेवाला भईला से सञ्चारक्षेत्र, निजीक्षेत्र, प्रशासन आ सुरक्षा निकाय के सहजोग, समन्वय आ सहकार्य से मात्र जनमैत्री शासन स्थापित करे सकेके बतवनी ।

पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग से बियफे के दिने कईल भेटघाट तथा परिचयात्मक कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी भूषाल सुशासन, समृद्धि आ सामाजिक न्याय के उद्देश्य भितर रहके सार्वजनिक सेवा प्रवाह करेके बतवनी । परिवर्तन के संस्थागत होखेवाला किसिम से काम करे खातिर सञ्चारक्षेत्र के महत्वपूर्ण भूमिका रहल बतवनी । उ आमनागरिक के सहज पहुँच मे प्रशासन होखेके मान्यता के साथ सरकार के स्वीकृत नीति आ कार्जक्रम मुताविक सामाजिक लाभ के दृष्टि से सभी से देखेके बिचार रखनी ।

जनता के सेवा के पहिलका प्राथमिकता मे राखके सेवा देवेके लक्ष्य राखल जनावत राज्य के चरित्र जनता के जानकारी मिलेके पडल कहनी । जिल्ला प्रशासन कार्यालय के मुख्य भूमिका नागरिकता वितरण हि रहल आ राज्य मे बसोवास करेवाला सभी नागरिक से सहजरुप मे नागरिकता मिलेके बतवनी । नागरिकता वितरण के प्रकृया मे जरुरी सिफारिस मे वार्ड अध्यक्षलोग पूर्वाग्रह राखला पर कानूनी कारवाही करेके बतवनी ।

तराइ के जिल्लासब मे वार्ड अध्यक्षलोग हमरा के भोट ना देहल के नागरिकता सिफारिस ना करेके सिकाईत सुनल गईल चर्चा करत निर्वाचित जनप्रतिनिधि भईला के बाद जनता के प्रतिनिधि होखेवाला भईला से केहु के पूर्वाग्रह राखला पर कानून मुताविक प्रकृया अगाडि बढावेके कार्यविधि भी आपन कार्यकाल मे तईयार करेके बतवनी ।

प्रजिअ भूषाल कहनी, ‘शान्ति सुरक्षा के मामिला मे केहु से कउनो सम्झौता ना होखी । कानुन कार्यन्वयन के खातिर हमनी जोड देम, साथे खुला सीमा क्षेत्र कुछ चुनौतीपूर्ण भईला पर भी सुरक्षा निकाय से प्रभावकारी समन्वय मे काम होखी कहके विश्वास दिलावेके चाहत बानी ।’

पर्सा जिल्ला पहिले के बराबरी मे बहुते बदलाव भईल बतावत उ सरकारी कार्यालय के क्रियाकलाप मे प्लास्टिक जन्य सामान के प्रयोेग निरुत्साहित करे खातिर हम पहल करेम कहके बतवनी । बितल २९ अगहन के निर्णय मुताविक जिल्ला प्रशासन कार्यालय गोरखा से सरुवा होके ८ पुस से जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के रुपमे हाजिर भईल बानी ।

उ अवसर मे सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिव प्रसाद लम्साल, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव दिपेन्द्र चौहान लगायत के सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।