पर्सा मे २४ लाख बराबर के भन्सार छली के सामान पकडाईल

पर्सा मे २४ लाख बराबर के भन्सार छली के सामान पकडाईल

वीरगंज १७ पुस

सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा एके दिन २४ लाख रोपेया बराबर के भन्सार छली के अनेकन सामान बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी बल नं. १३ गण कुर्ता सुरुवाल, थान के कपडा, काँस जईसन देखेवाला धातु आ पियाज बरामद कईले बा ।

सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक किशन कर्मचार्य के मुताविक वीरगंज महानगरपालिका– २ भकुवा मे सशस्त्र के गाडी मोबाइल टोली भारत से चार जने मुडि पर लाद के लिया रहल ५ लाख ३२ हजार रोपेया बराबर के कपडा बरामद कईले रहे । उहे टोली वीरगंज १ छठघाट लगे ६९ हजार के कपडा बरामद कईले रहे ।

एहितरे सशस्त्र पुलीस के गस्ती टोली पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका– ३ झौवा से करिब ७० हजार मूल्य बराबर के काँस जईसन लउकेवाला धातु बरामद कईले रहे ।

सशस्त्र प्रहरी चोरी तस्करी करके १७ लाख मूल्य बराबर के प्याज सहित प्रदेश २–०३ च ५४८९ नम्बर के पिक अप गाडी भी नियन्त्रण मे लेहले बा । जरुरी कारवाही के खातिर भन्सार छली के सामान वीरगंज भन्सार कार्यालय पठावल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक कर्मचार्य जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।