राम मन्दिर उदघाटन के दिन वीरगंज के मछरी, मासु आ दारु दोकान बन्द करे खातिर हिन्दु परिषद के निहोरा
राम मन्दिर उदघाटन के दिन वीरगंज के मछरी, मासु आ दारु दोकान बन्द करे खातिर हिन्दु परिषद के निहोरा

वीरगंज ०२ माघ
भारत के अयोध्या मे नवनिर्मित राम मन्दिर के उदघाटन के दिन माघ ८ गते वीरगंज मे भी मछरी, मासु आ दारु के दोकान तथा होटलसब बन्द करावे खातिर स्थानीय प्रशासन से विश्व हिंन्दू परिषद नेपाल निहोरा कईले बा । परिषद के वीरगंज महानगर समिति मंगर के दिने पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भूषाल के ज्ञापनपत्र बुझावत माघ ८ गते सोमार के दिन वीरगंज मे रहल सभी मछरी, मासु आ दारु के दोकान आ होटलसब बन्द करा देवे खातिर निहोरा कईले बा ।
विश्व हिन्दू परिषद नेपाल के वीरगंज महानगर अध्यक्ष सागर सर्राफ के नेतृत्व के समुह पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी भूषाल के बुझावल ज्ञापनपत्र मे करिब पाँच सय बरीस के बाद अयोध्या मे निर्माण भईल राम मन्दिर विश्व के सभी हिन्दूलोग के अस्था के विषय रहला से उ मन्दिर के उदघाटन के दिन वीरगंज के भी हरेक मठ मन्दिर के राम मन्दिर जईसन सजावट करेके, सबेरे झाँकी के साथ नगर परिक्रमा करे खातिर शोभा यात्रा निकालेके, सँझिया हरेक मन्दिर मे भव्य दिपावली आ महाआरती करेके जनावल गईल बा ।
एकरा साथे उ दिन रात मे हरेक जगहा जगहा मे झाँकी कार्जक्रम राखल गईला से बहुसंख्यक हिन्दूलोग के अस्था के मध्य नजर राख के वीरगंज महानगर मे रहल सभी मासु, मछरी आ दारु दोकान तथा होटल बन्द करा देवे खातिर स्थानीय प्रशासन के निहोरा कईल परिषद के महानगर अध्यक्ष सर्राफ जानकारी देहनी ।






