रौतहट मे ट्राफिक नियम उलंघन करेवाला १० हजार बेसी सवारी साधन उपर कारवाही
रौतहट मे ट्राफिक नियम उलंघन करेवाला १० हजार बेसी सवारी साधन उपर कारवाही

रौतहट २३ माघ
जिल्ला मे नियम विपरित चलेवाला सवारी साधन उपर पुलीस निगरानी बढवले बा । जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय सवारीसाधन आ कागजपत्र चेकजाँच के तेज बनईला के बाद सवारी साधन धमाधम कारवाही मे परल बाडन । एकरा से राजश्व भी बढल बा ।
रौतहट ट्राफिक चालु आर्थिक बरीस के ६ महिना मे ट्राफिक नियम विपरित चलल १० हजार से बेसी सवारीसाधन के कारवाही कईले बा । जिल्ला मे रहल पुलीस के अनेकन युनिट बितल सावन महिना मे नियम विपरित चलल ३ हजार ८२, भादो मे १५ सय ८८ कुवार मे ९ सय ३९, कातिक मे १५ सय ७, अगहन मे १६ सय २९ आ पुस महिना मे १७ सय २३ सवारीसाधन के कारवाही कईले बा ।
बितल सावन से पुस मसान्त तक ६ महिना के समय मे नियम विपरित चलल १० हजार ४ सय ५९ सवारीसाधन के कारबाही कईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी निरीक्षक सुशील आचार्य बतवनी । उ समय मे जिल्ला मे भईल ३ सय २ गो सवारी दुर्घटना मे परके २ लईकालईकी ७ जनानी सहित २६ जने ज्यान गुमवले बाडन ।
एहितरे उ दुर्घटना मे परके ४ सय ७२ जने घायल भईल तथ्याङक मे उल्लेख बा । सवारी दुर्घटना बढला के बाद दुर्घटना न्यूनीकरण करेके उद्देश्य से ट्राफिक पुलीस से जिल्ला मे अनेकन चेतनामूलक कार्जक्रम के आयोजना भी कईले बा । सावन से पुस मसान्त तक जिल्ला के अनेकन जगहा मे आयोजना कईल ८ सय ७९ गो कार्जक्रम मे सवारीचालक, यात्रु, सर्वसाधारण करके कूल ३७ हजार ३ सय ९६ जने आदमी सहभागी भईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर जनवले बा ।
सवारी ज्यान मुद्दा २४ गो दर्ता भईला मे १८ फर्छोट भइल बाडन आ ६ गो के अनुसन्धान जारी बा । सवारी नियम उलंघन करेवाला १० हजार ७ सय १ जने विरुद्ध कारवाही भईला पर ८५ लाख १७ हजार ५ सय राजस्व असुल कईल बा ।
रौतहट मे ६ महिना मे सवारी दुर्घटना ३ सय १२ गो भईल बा । जउना मे २६ जने के मृत्यु आ ४ सय ५६ यात्रु घायल भईल बाडन । दुर्घटना न्यूनीकरण के खातिर सवारीसाधनसब मे स्टिकर टाँस से पूर्व पश्चिम राजमार्ग किनार मे बडका हुडिङ बोर्ड राखल बा ।
जिल्ला के १८ गो स्थानीय तह मे बढल सवारीसाधन के चापलाई मध्यनजर करत गौर, बमनहर, चन्द्रनिगाहपुर, बागमती, डुमरिया, गरुडा, शिवनगर, शुकदेव चौक, बंकुल मौलापुर, बिजयपुर लगायत के जगहा मे स्थायी ट्राफिक बिट स्थापना भईल ट्राफिक प्रहरी निरीक्षक आचार्य जानकारी देहनी ।






