सामाजिक सदभाव बिगाडेवाला उपर हिन्दुवादी अगुवालोग कईलें कारवाही के माग

सामाजिक सदभाव बिगाडेवाला उपर हिन्दुवादी अगुवालोग कईलें कारवाही के माग

वीरगंज ०९ फागुन

हिन्दु धर्म सम्बद्ध संघ संगठन वीरगंज आ पर्सा मे हिन्दुवादी संगठन के बदनाम करावे खातिर कुछ अराजक तत्व सक्रिय भईल आरोप लगवले बा ।

बुध के दिने वीरगंज के होटल अनमोल पार्टी प्यालेस मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके उलोग अईसन आरोप लगवले बाडन । पत्रकार सम्मेलन मे हिन्दुवादी अगुवा विजयप्रकाश निषाद वीरगंज मे भईल शान्तिपुर्ण आन्दोलन के कुछ घुसपैठियालोग बदनाम करावे के षड्यन्त्र कईल दाबी कईनी ।

उ हिन्दुवादी संगठन भा हिन्दु समाज समाजिक सदभाव बिथोलेवाला गतिविधि कभो भी ना कईल जिकिर कईलन । बरु फरक धर्म समुदाय के कुछ अराजक आदमीसब जय श्रीराम अंकित झण्डा फारेके, भगवान श्रीराम के फोटो फारेके जईसन घृणित काम कईल आरोप लगावत उ मंगर के रात जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे भईल सहमति मे एक हप्ता भितर उ अराजक आदमीसब के पकडके कारबाही करे खातिर प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रतिबद्धता जनावल बतवनी ।

वीरगंज मे कर्फ्यु लागल समय पकडाईल २१ जने के बिना शर्त रिहा करावल भी निषाद पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करवनी ।

सोमार के दिने वीरगंज के ईदगाह चोक मे समाचार संकलन के समय मे पुगल पत्रकार सौरभ साह उपर भईल आक्रमण के घोर भत्सर्ना करत उ साह के मोटरसाईकल मे भइक्षर््ल क्षतिपुर्ति के माग कईल जानकारी करवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे हिन्दु समाज के अगुवालोग प्रज्वलमान सिंह, अभिषेक तिवारी, रन्जन सिंह राजपूत, विशाल झा, राजा गुप्ता, सागर साह, दिपेन्द्र सर्राफ लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।