कलैया उपमहानगरपालिका दादुरा रूबेला खोप १३ गते से लगावल सुरू करी

कलैया उपमहानगरपालिका दादुरा रूबेला खोप १३ गते से लगावल सुरू करी

प्रभु यादव

बारा ११ फागुन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका दादुरा रूबेला खोप फागुन १३ गते से १७ गते तकले लगावेके जनकारी करावले बा ।

पालिका के सभाकक्ष मे पत्रकार सँगे बतकही कार्जक्रम कर के जनकारी करावले बा । ९ महिना से १५ बरीस तकके लईकालईकी के दादुरा रूबेला खोप लगावे के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख अजय जयसवाल जनकारी करावले बानी । दादुरा रूबेला के खोप सँगे नियमित लगावेवाला खोप से केहु लईकन सब के छुटल होई तवना खातिर आईभिपी, पेन्टा आ बिसिजी खोप लगावेके तईयारी कईल गईल जयसवाल जनकारी करावले बानी ।

संस्थागत आ सामुदायिक स्कुल सब के पढेवाला किलास १० तकले के पढनियार लईकन सब के खोप देहल जाई बतावले बानी । एक सय २५ गो लईकन सब रहल स्कुल मे १ गो स्वास्थ्यकर्मी आ अधिक रहल जगह मे ओईसही संख्या मे राख के खटावल जाएके खोप सञ्चालन करे के तईयारी भईल शाखा प्रमुख जयसवाल जनकारी करावले बानी ।

४७ हजार लईकन सब के खोप चलावेला एक सय ७७ गो खोप केन्द्र आ ६० गो खोप उपकेन्द्र मार्फत पाँच सय के सख्या मे कर्मचारी आ स्वयम् सेवक के खटावल जाई जयसवाल जनकारी करावले बानी । नेपाल के २४ जिल्ला मे ९ महिना से १५ वरिस तकले के खोप सञ्चालन करेवाला कार्जक्रम सँगे कलैया उपमहानगरपालिका मे खोप सञ्चालन कईल जाएके जनकारी करावले रहनी । सन २०२६ तकमे दादुरा रूबेला विमारी के शून्य पुगावे नेपाल सरकार के लक्ष्य मुताविक खोप सञ्चालन कईल जाएके बतावले बानी । मधेश प्रदेश के तीन जिल्ला मे दादुरा रूबेला विमारी मुक्त करेके लक्ष्य लेकर खोप सञ्चालन कईल जारहल जयसवाल जनकारी करावले बानी । ३० हजार घरधुरी रहल बा जवन के निमन्त्रणा देके लईकन सभेके खोप लगावल जाई पालिका जनकारी कराईहन ।

कार्जक्रम के अध्यक्षता करहल कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह कवनो लईका आ लईकी सब के सहज पहुत पुगावेला काम सहित खोप सञ्चालन कईल जारहल बतावले बानी । फागुन १३ गते श्री ३ चन्द्र मावि मे मेयर बिनोद साह, सिसहनीया स्कुल मे उपमेयर रौशन प्रविन आ दुर्गा मावि मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नाथु साह एके समय मे उदघाटन कर के खोप सञ्चालन करेके बतवले बानी ।

खोप लगावल गईल लईकन सब मे कवनो किसिम के समस्या नाआई कहि कभि आई ओकरा खातिर डाक्टर सहित के टोली खटावल जाएके जनकारी करावले बानी । स्कुल, खोप केन्द्र आ स्वास्थ्य केन्द्र मे कर के सभे लईकन सब के लगावे के तयारी पूरा भईला से सफल सञ्चालन होई आ जनता लोग खोप लेवेला तयार होकर के सहभागी होखे के प्रमुख साह जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम मे स्वास्थ्यकर्मी मनोज यादव आ संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।