निजगढ मे भईल बिस्फोट मे १ के मृत्यु, ५ जने घायल, संकाशपद दु जने पकडईलें
निजगढ मे भईल बिस्फोट मे १ के मृत्यु, ५ जने घायल, संकाशपद दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १४ फागुन
बारा के निजगढस्थित सहिद चोक मे सोमार के दिने आज्ञात चिज बिस्फोट भईला पर एक जने के मृत्यु भईल बा । पाँच जने घायल भईल बाडन । घायल मेसे २ जने के अवस्था गम्भीर रहल जनावल गईल बा ।
वीरगंज के बयोधा अस्पताल मे ईलाज के समय मे ‘रोहित वर्कशप’ मे लेथ ग्यास वेल्डिङ कर रहल समय वर्कशप के सञ्चालक निजगढ नगरपालिका–५ के ४५ बरीस के रेशम पुलामी मगर के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक दधिराम न्यौपाने बतवनी । उनका मुताविक दु जने भारतीय नागरिक सहित पाँच जने घायल भईल बाडन ।
चार जने के बयोधा आ एक जने के निजगढ सामुदायिक प्रसुति गृह अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । घायल निजगढ ५ के दोसर ४५ बरीस के सुर्यबहादुर थापा के निजगढ मे ईलाज हो रहल बा । आउर घायल होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–९ के ३४ बरीस के फिरोद देवान आ २० बरीस के रितु रजत बाडन ।
एहितरे भारतीय दु नागरिक मे भारत, गवाई घर रहल निजगढ मे रहत आईल ३५ बरीस के राकेश जयसवाल आ रामघडवा के २० बरीस के अरबिन साह रहल बाडन । उलोग सभी लेथ मे काम करेवाला कामदार हउवन । घटनाबारे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरिक्षक न्यौपाने बतवनी ।
उ विस्फोटक सामान लियावेवाला कवाड सञ्चालक दु जने पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे कवाड मे काम करेवाला भारत निवासी राज जैसवाल आ उनकर मेहरारु शुशिलादेवी जैशवाल के घटनास्थल से भारत भागेके समय मे ३५ किलोमिटर दुर कलैया से पकडल बारा के प्रहरी उपरिक्षक शुरेश काफले बतवले बानी ।
काफले के मुताविक विस्फोट भईल सामान देखला पर बम जईसन देखल गईल आ उ कहाँ से आईल आ कईसे विस्फोट भईल एकर अनुसन्धान हो रहल बतवले बानी ।
अनुसन्धान मे खटल एक सुरक्षाकर्मी के मुताविक उ सामान प्रोजेक्टाईल ईन्टेरियर भईल आशंका कईल बा । उ बिस्फोटन भईल सामान मे ईन्डियन फिल्ड गन १०५ एच ई प्रोजेक्टाईल रहल बतावल गईल बा ।






