समाज परिवर्तन नेपाल के कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित ५५ जने कईलें रक्तदान

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १९ फागुन,
समाज परिवर्तन नेपालद्वारा आयोजना कईल कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित ५५ जने खुनदान कईले बाडन ।
वीरगंज के घण्टाघर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे रिमि कर्ण, नरोतम पटेल, नेहा मण्डल, नेहा चौरसिया, सन्जु चौरसिया, अकलेस साह, संदिप महतो, राकेश साह गोंड, भगवान कुर्मी, अवधकिसोर यादव, अरुण कमार साह, बिकास साह कानु, लगायत खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज जनवले बा ।
आयोजक संस्था समाज के अध्यक्ष अकलेश साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश के महासचिव श्याम बन्जारा खुनदान जईसन पूण्य काम मे सहभागी होखे खातिर सभी के निहोरा कईले रहनी । खुनदान जीवनदान के नारा मुताविक पिछिलका समय खुन के कमी हो रहला से युवालोग खुन के माग परिपूर्ती करे खातिर अग्रसर होखेके खातिर निहोरा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक धिरेन्द्र झा, जितेन्द्र कुशवाहा, संस्था के सचिव राहुल साह, कोषाध्यक्ष रोशन सर्राफ, सहसचिव धर्मेन्द्र पटेल, एसके चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।