तीन जनानी सहित ६७ जने कईलें लहुदान

तीन जनानी सहित ६७ जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव

बारा १९ चईत

बारा के कलैया मे तीन जनानी सहित ६७ जने लहुदान कईले बानी । मधेश प्रदेश के पूर्व सभा सदस्य पारस साह के आयोजना आ समाजसेवी जंगबहादुर के सहजोग मे लहुदान कार्जक्रम भईल रहल रहे ।

मधेश प्रदेश के पूर्व सभा सदस्य साह के पिता बननरसीलाल साह के छ वां पुन्य तिथि स्मृती दिवस के अवसर पर लहुदान के आयोजना भईल रहल रहे । लहुदान मे ६४ जने मर्दाना आ तीन जने जनानी दिने दिन बढरहल माग के पूरा करेला कईले आयोजक साह जनकारी करावले रहनी ।

कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी के पूर्व मधेश प्रदेश अध्यक्ष आ प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, जसपा केन्द्रीय राजनिती समिति सदस्य रामकिशोर यादव, कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह, बारा उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष राजकुमार साह, जनमत पार्टी के बारा ईन्चार्ज शिवनाथ पटेल, माओवादी केन्द्र के कलैया नगर अध्यक्ष मुकेश साह, जसपा के केन्द्रीय सदस्य आ प्रादेशिक अस्पताल कलैया के अध्यक्ष प्रकाश चौगाई, समाज सेवी सगिर अंसारी, जंगबहादुर यादव, कलैया उपमहानगर पालिका के वार्ड नम्वर २ के अध्यक्ष राजेश कुमार महतो, वार्ड नम्वर ४ के रामेश्वर यादव लगायत के लोग के सहभागिता रहल रहे । प्रादेशिक अस्पताल कलैया के रक्त संचार केन्द्र के प्राविधिक टोली लहुदान करेवाला लोग के सकंलन कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।