पर्सा के हुलाकी सडक मे दुर्घटना, एक के मृत्यु, एक जने घायल

पर्सा के हुलाकी सडक मे दुर्घटना, एक के मृत्यु, एक जने घायल

वीरगंज २० चईत

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६ लखनपुर स्थित हुलाकी सडक मे मंगर के सँझिया दु गो मोटरसाईकल आपस मे ठोकईला पर भईल दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु भईल बा आ दोसर एक जने गम्भीर घायल भईल बाडन ।

दुर्घटना मे दुनु मोटरसाइकल के चालक गम्भीर घायल भईला मे एक जने के अस्पताल लेजाएके समय रास्ता मे हि मृत्यु भईल बा ।

गण्डक नहर से उत्तर ओरी सखुवा प्रसौनी –६ अन्तर्गत के लखनपुर आ जगरनाथपुर गाँवपालिका अन्तर्गत के प्रसौनी गाँव के बिच मे रहल हुलाकी सडक मे सँझिया करिब ८ बजे दु ओरी से आ रहल ना ७ प २६०३ आ प्रदेश २– ०३ ००९ प ५३१५ नम्बर के मोटरसाइकल आपस मे ठोकईला पर भईल दुर्घटना मे परके दुनु मोटरसाइकल के चालक गम्भीर घायल भईल रहलन ।

स्थानीयबासी आ पुलीस दुनु जने घायल के उद्धार करके एम्बुलेन्स मे राखके ईलाज के खातिर वीरगंज पठईला मे उ मेसे ना ७ प ५३१५ नम्बर के मोटरसाइकल चालक पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ सुहपुरके अन्दाजी ३० बरीस के हरिन्द्र चौधरी के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

दोसर गम्भीर घायल पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ छपकैया के ४२ बरीस के शेख जावेद आलम के नारायणी अस्पताल के आइसियु मे ईलाज हो रहल आ उनकर अवस्था भी सिकिस्त रहल थापा बतवनी ।

घटना के बारे मे पुलीस अनुसन्धान कर रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।