देश भर मे रहल कुशवाहा समाज आपस मे मिल के अगाडि बढल जरुरी : प्रमुख अतिथि महतो

देश भर मे रहल कुशवाहा समाज आपस मे मिल के अगाडि बढल जरुरी : प्रमुख अतिथि महतो

प्रभु यादव

बारा २३ चईत
नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज के सात वाँ राष्ट्रिय महाअधिवेशन के प्रमुख अतिथि सांसद लक्ष्मी महतो शुकर के दिने उदघाटन कईले बानी ।
देश भर फईलल कुशवाहा समाज आपस मे मिल के अगाडि बढेके कार्जक्रम उदघाटन करत संसद महतो बतावले बानी । बारा मे कुशवाहा समाज के आपन भवन ना भईला से दुःख लागल कहत सांसद महतो अधिवेशन के खर्च से बचा के बनावेके कहत आपन एक महिना के तलब सहजोग करे के बतावले बानी ।
फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ भलुही स्कुल के फिल्ड मे कुशवाहा कल्याण समाज बारा के आयोजना नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज के ७ वाँ राष्ट्रिय महाअधिवेशन के उदघाटन सत्र सम्पन्न भईल राजेश कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
विधिवत २०४८ साल मे स्थापना भईल अभि कवनो विना झन्झट के क्रियाशिल ऐतिहासिक जातीय संस्था नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज रहल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
हिन्दु धर्मावलम्बी अन्तरगत क्षेत्री वर्ण के कुशवाहा जाती अर्थात (मेहता, महतो, कुशवाहा, सिंह, मौर्य, आर्य, बर्मा) लगायत के जात भईल देशभर मे लगभग ९ लाख कुशवाहा सभे के जातीय संस्था के क्रियाशिलता देश के कोशी, मधेश, बागमती आ लुम्बिनी प्रदेश मे रहल आयोजक जानकारी करावले बानी ।
नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज के केन्द्रिय अध्यक्ष तापेश्वर महतो के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पुर्व शिक्षा मन्त्री रामचन्द्र कुशवाहा, पुर्व राज्यमन्त्री सिताराम मेहता, पुर्व राज्यमन्त्री शत्रुधन महतो, संविधान सभा सदस्य शिवचन्द्र कुशवाहा, पुर्व राज्यमन्त्री सुनिता महतो, संविधान सभा सदस्य हरेश प्रसाद महतो, कोशी प्रदेश के सांसद राम प्रसाद मेहता, पुर्व केन्द्रीय अध्यक्ष रामबाबु महतो, पुर्व अध्यक्ष लक्षण महतो, राजेश कुशवाहा, नि. वर्तमान अध्यक्ष एवम् प्रमुख सल्लाहकार डाक्टर कृपा राम महतो, जिल्ला समन्वय समिति सिरहा के प्रमुख दिनेश कुमार महतो, समाजसेवी, सञ्चारकर्मी सभे जिल्ला से कुशवाहा कल्याण समाज के अध्यक्ष आ प्रतिनिधि लगायत के उपस्तिथि रहल रहे ।
सागर कुशवाहा के सञ्चालन रहल कार्जक्रम मे गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के अध्यक्ष एवम् समाजसेवी जंग बहादुर यादव, नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज विद्यार्थी संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष मुकेश कुशवाहा, मधेस प्रदेश के पुर्व राज्यमन्त्री सरोज सिंह कुशवाहा आ स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री शत्रुधन प्रसाद सिंह लगायत के लोग शुभकामना देहले रहनी ।
समाज के केन्द्रीय कार्य समिति चयन करेला बन्द सत्र कलैया मे रहल करणराज प्यालेस मे शनिचर के बन्द सत्र मे होई आयोजक सदस्य विक्की कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।