धोबिनी–३ गुलरिया मे आगलागी, रेडक्रस आ गाँवपालिका राहत देहलख
धोबिनी–३ गुलरिया मे आगलागी, रेडक्रस आ गाँवपालिका राहत देहलख

वीरगंज २७ चईत
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ बडकी गुलरिया मे बितल रात आगलागी भईला पर ४ गो घर पुर्ण रुप से जरके नोक्सान भईल बा ।
विद्युत् सर्ट होके करिब १२ बजे के समय मे स्थानीय सुरेन्द्र पटेल के घर से सुरु भईल आगलागी फईलके पटेल सहित स्थानीय फरिन्द्र पटेल, हनिफ मियाँ धोवी, मनिफ मियाँ धोवी, रवीन्द्र पटेल लगायत के घर जरला से करिब ९ लाख बराबरके नोक्सानी भईल पुलीस जनवले बा ।
आगलागी मे पर के घर मे रहल फर्निचर, लत्ताकपडा, बरतन, अन्नपात, नगद, साइकल लगायत के सभी सामान जरके नोक्सान भईल आ उ परिमाण बराबर क्षति भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक शम्भु विक्रम शाह बतवनी । पोखरिया नगरपालिका के वारुणयन्त्र, नेपाल प्रहरी आ स्थानीय के सहजोग मे आगी नियन्त्रण मे आईल स्थानीय बतवले बाडन ।
आगलागी पिडित के नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा आजु राहत समान देहले बा । राहत सामान लेके नेपाल रेडक्रस सोसाइटी मधेस प्रदेश कमिटी उपकोषाअध्यक्ष सलाउदिन अहमद, धोबिनी गाँवपालिका प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद साह, वार्ड अध्यक्ष राजकिशोर प्रसाद कुर्मी, जिन्शी प्रमुख प्रदिप पटेल के टोली मंगर के दिने पीडित परिवार के घर मे पुग के त्रिपाल, सिरक, डसना, चाउर, दाल, तेल लगायत के दैनिक उपभोग्य सामान देहल अहमद बतवनी । एहितरे आगलागी पिडित के गाँवपालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान राहत सामान देहले बानी । पीडित परिवार के घर मे पुगके गाँवपालिका से त्रिपाल, चाउर, दाल, आलु, पियाज तेल, नुन, कुकर ४ पिस बर्तन, गैस सिलिन्डर लगायत के सामान देहल जनावल गईल बा ।
एहितरे पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–४ पटेर्वा टोल मे आजु सबेरे आगलागी भईला पर रु चार लाख मूल्य बराबर के क्षति भईल बा । स्थानीय भागिरत महतो थारु के घर मे विद्युत सर्ट होके आगलागी भईला पर घर मे रहल चार क्विन्टल सुर्ती, फर्निचर लगायतका समान जरला पर उ परिमाण के क्षति भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराज केसरी जानकारी देहनी ।





