विश्व औलो दिवस वीरगंज मे भी मनावल गईल

विश्व औलो दिवस वीरगंज मे भी मनावल गईल

वीरगंज १३ बैशाख

“औलो विरुद्ध के लडाई के तेज बनाई, समतामूलक पहुँच के सिर्जना कईल जाँव” कहके मुल नारा के साथ वीरगंज मे विश्व औलो दिवस मनावल गईल बा । स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के आयोजना आ वीरगंज महानगरपालिका स्वास्थ्य शाखा के सहजोग मे वीरगंज मे चेतनामुलक जुलुस निकालल गईल रहे । जुलुस नगर के अनेकन जगहा परिक्रमा कईला के बाद घण्टाघर मे पुगके सभा भईल रहे ।
सरकार सन् २०२५ तक मे औलोमुक्त नेपाल बनावेके अभियान के साथ नेपाल औलो रणनीतिक योजना २०१४–२०२५ सञ्चालन कईले बा । उहे मुताविक सन् २०२३, २०२४ आ २०२५ भितर मे स्थानीय तह मे औलो मरेजी के सङ्ख्या शून्य मे पुगावेके आ औलो के स्थानीय पाटेवाला दर शून्य मे पारेके लक्ष्य लेहले बा । सरकार सन् १९९४ से औलो उन्मूलन करेके अभियान सञ्चालन कईला पर भी अभी तक नेपाल औलोमुक्त देश बने ना सकल कहत उहे उदेश्य पुरा करे खातिर वीरगंज लगायत देशभर अनेकन चेतनामुलक कार्जक्रम कईल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य निरिक्षक जयमोद ठाकुर बतवनी ।
औलो एनोफिलिज जात के सङ्क्रमित पोथी मोछड के काटला से होखेवाला एक किसिम के पाटेवाला बेमारी ह । औलो लागल आदमी के मोछड काटला पर खुन सँगे औलो के परजीवी चुसेला आ मोछड सङ्क्रमित होखेला । ओईसन सङ्क्रमित मोछड से स्वस्थ आदमी के काटला पर औलो पाटेला कहके ठाकुर बतवनी । जुलुस मे औलो बेमारी होखे ना देवे खातिर अपनावेवाला उपायसब के बारेमे सचेतना फईलावल गईल रहे । उ अवसर मे स्वास्थ्य कार्यालय के अधिकृत, कर्मचारी, वीरगंज महानगरपालिका स्वास्थ्य शाखा के सुमन चन्द्र ठाकुर लगायत जनप्रतिनिधि, स्वास्थ्यकर्मीलोग आ स्थानियलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।