बालसुधार के तीन सहित छ कैदीबन्दी देहलें परीक्षा
बालसुधार के तीन सहित छ कैदीबन्दी देहलें परीक्षा

वीरगंज १४ बैशाख
पर्सा के बालसुधारगृह मे रहल तीन जने सहित छ जने कैदीबन्दी किलास १२ के परीक्षा देहले बाडन । शुक से सुरु भईल किलास १२ के अङ्ग्रेजी विषय के परीक्षा मे बालसुधारगृह पर्सा मे रहल तीन जने आ कारागार कार्यालय पर्सा मे रहल तीन जने कैदीबन्दी भी परीक्षा मे सहभागिता जनवले बाडन ।
बालसुधारगृह पर्सा के प्रमुख टीकाकृष्ण काफ्ले त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय अन्तर्गत रहके तीन जने बालसुधार गृह मे रहल विद्यार्थी परीक्षा देहल बतवनी । “त्रिजुद्ध विद्यालय से एक जने परीक्षा लेवे खातिर प्रतिनिधि आईल रहनी ।
उनकर निरीक्षण मे बालसुधारगृह से तीन जने सुधारगृह मे रहल लईकासब परीक्षा देहले बाडन”, उ कहनी, “बालसुधारगृह मे रहके अध्ययन करे चाहेवाला के खातिर सहज वातावरण उपलब्ध करावत आ रहल बानी ।”
परीक्षा देवेवाला तीन विद्यार्थी मेसे दु जने जर्बरजस्ती करणी अभियोग पुष्टि होके बालसुधार गृह मे आईल रहलन आ एक जने सवारीज्यान मुद्दा मे आईल बाडन । बालसुधार गृह मे एक सय १९ जने लईका बाडन ।
बितल चईत मे भईल एसइई परीक्षा इहाँ के चार जने विद्यार्थी सहभागी रहलन । कारागार कार्यालय पर्सा से भी ई पाली के किलास १२ के परीक्षा मे तीन जने कैदीबन्दी परीक्षा देहले बाडन । उलोग भी त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय अन्तर्गत कारागार परिसर से परीक्षा देहले बाडन । तीन जने कैदीबन्दी पुरुष बाडन ।






