वीरगंज के नबिल बैंक से १ करोड ३४ लाख से बेसी रोपेया चोरी
वीरगंज के नबिल बैंक से १ करोड ३४ लाख से बेसी रोपेया चोरी

वीरगंज १८ बैशाख
वीरगंज स्थित नबिल बैंक के शाखा से एक करोड ३४ लाख से बेसी रोपेया चोरी भईल बा ।
बाइपास सडक मे रहल बैंक के शाखा से बितल एतवार के रात १ करोड ३४ लाख ६५ हजार रोपेया नगद चोरी भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक सोमार के सबेरे ८ः४५ बजे के समय मे बैंक के सुरक्षा गार्ड बैंक मे पुगला पर मूल गेट मे दोसर नयाँ ताला लगावल देखला के बाद बैंक के शाखा प्रबन्धक पवन पौडेल के फुन करके बतवले रहलन । पौडेल पुलीस के खबर कईला के बाद पुगल पुलीस टोली मूल गेट मे लगावल नयाँ ताला फोरके भितर प्रवेश कईला पर बैंक से १ करोड ३४ लाख ६५ हजार रोपेया चोरी भईल देखल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।
बैंक भितर टिन के बाकस भितर राखल १ सय आ २० दर के नोट करके १ करोड ३४ लाख ६५ हजार रोपेया चोरी भईल थापा बतवनी । उ कहनी, ‘चोरसब टिन के बाकस वेल्डिङ करेवाला मेसिन से काटके रोपेया निकाल के लेगईल अवस्था देखल गईल बा । बैंक के तिजोरी (भल्ट) भितर भी आउर बेसी रोपेयारहे । माकिर, उ तिजोरी सुरक्षित रहे ।’
थापा के मुताविक नबिल बैंक के उ शाखा मे रात के समय मे सुरक्षा गार्ड भी ना घुसत रहलन । रात के सुरक्षा गार्ड समेत ना भईल मौका मे चोरसब बैंक मे घुसके चोरी कईल उ बतवनी ।
प्रााम्भिक अनुसन्धान के समय मे सीसीटीभी क्यामेरा मे रेकर्ड भईल भिडियो मे चार पाँच जने के संख्या मे रहल चोरसब मेन गेट के ताला फोर के बैंक भितर प्रवेश करके टिन के बाकस मे राखल रोपेया बोरा मे डालके लेगईल देखल गईल थापा जानकारी देहनी । रोपेया चोराके बैंक से बाहर निकलेके समय मे चोरसब मूल गेट मे दोसर नयाँ ताला लगाके गईल भी देखल गईल थापा बतवनी ।
मंगर के दिने बैंक के शाखा प्रमुख पौडेल बैंक मे चोरी भईल घटना सम्बन्ध मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे जोहेरी देहल जानकारी भी थापा देहनी । घटना के खबर मिलला के बाद पुलीस बैंक मे भईल चोरी के घटना के सम्बन्ध मे अनुसन्धान कर रहल उ बतवनी ।
बैंक मे चोरी के घटना एतवार के रात मे भईला पर भी ई बारे जानकारी लेवे खातिर सोमार के दिने प्रयास कईला पर पुलीस जानकारी देवेके ना मनले रहे । मंगर के दिने शाखा प्रबन्धक पौडेल जाहेरी देहला के बाद मात्र पुलीस बैंक मे भईल चोरी के घटनाबारे जानकारी देहले बा ।
बैंक मे एतवार के रात चोरी भईला के बाद सोमार से बैंक के कारोबार बन्द कईल बा । सोमार के सबेरे बैंक सूचना साटके कारोबार बन्द कईल जानकारी करवले रहे । बाइपास मे नबिल बैंक के शाखा बितल जेठ १८ स्थापना कईल रहे ।






