नारायणी अस्पताल मे एमआरआई सेवा बन्द, आपूर्तिकर्ता के २० प्रतिशत रोपेया बाकी रहला से सफ्टवेयर अपडेट ना कर रहल : अस्पताल
नारायणी अस्पताल मे एमआरआई सेवा बन्द, आपूर्तिकर्ता के २० प्रतिशत रोपेया बाकी रहला से सफ्टवेयर अपडेट ना कर रहल : अस्पताल

वीरगंज २६ बैशाख
नारायणी अस्पताल वीरगंज ३० करोड रोपेया मे किनल एमआरई मेसिन सञ्चालन मे अईला ६ महिना ना बितत बन्द भईल बा । जउना के चलते दु हप्ता से अस्पताल मे एमआरआई सेवा अवरुद्घ भईला से मरेजीलोग निजी अस्पताल मे दोब्बर शुल्क तिरके एमआरआई सेवा लेवेमे बाध्य भईल बाडन । नारायणी अस्पताल मे ८ हजार रोपेया मे उपलब्ध एमआरआई सेवा के खातिर बाहर निजी अस्पताल मे गईला पर १५ हजार रोपेया तिरेमे बाध्य भईल बाडन ।
बितल कुवार २३ गते संघीय सरकार तत्कालीन स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री मोहन बस्नेत नारायणी अस्पताल के एमआरआई कक्ष के उद्घाटन कईला पर भी कातिक १४ गते से सेवा सुरु भईल रहे । अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. चित्तरञ्जन साह एमआरआई मेसिन के सफ्टवेयर मे समस्या देखल गईला के बाद दु हप्ता से सेवा अवरुद्घ भईल बतवनी ।
मेसिन के सफ्टवेयर अपडेट होखे ना सकला के चलते सेवा बन्द भईल बतवनी । मेसिन के आपूर्तिकर्ता कम्पनी लुम्बिनी हेल्थ केयर प्रालि मेसिन के बाँकी रहल २० प्रतिशत रोपेया भुक्तानी ना मिलला के चलते सफ्टवेयर अपडेट ना कईला से एमआरआई मेसिन मे समस्या देखल गईल बतवनी ।
अस्पताल के मुताविक एमआरआई मेसिन वारेन्टी पिरियड मे रहला से ओकर सभी जिम्मेवारी आपूर्तिकर्ता कम्पनी के रहला पर भी २० प्रतिशत रोपेया भुक्तानी ना मिलला से सफ्टवेयर अपडेट ना कईल जनावल गईल बा ।
आपूर्तिकर्ता कम्पनी के भुक्तानी करेके बाँकी रहल २० प्रतिशत रोपेया अमेरिकी डलर के भाव बढला के चलते भुक्तानी करे ना सकल कहत अपुग रकम के खातिर मन्त्रालय से निहोरा कईल डा. साह बतवनी । आपूर्तिकर्ता अस्पताल मे मेसिन जडान कईला पर भी जेनेरेटर के कमी आ प्राविधिक कारण से उ मेसिन ६ महिना तक प्रयोविहिन अवस्था मे राखल रहे ।






