वीरगंज के प्रतिमा चोक मे अतिक्रमण हटाके अधुरा हुलाकी सडक निर्माण के काम सुरु
वीरगंज के प्रतिमा चोक मे अतिक्रमण हटाके अधुरा हुलाकी सडक निर्माण के काम सुरु

वीरगंज ११ माघ
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १५ प्रतिमा चोक मे सडक अतिक्रमण करके बनावल गईल संरचना बियफे के दिने डोजर लगाके हटवले बा ।
हुलाकी सडक अन्तर्गत परेवाला उ जगहा मे कुछ आदमी अतिक्रमण करके संरचना बनईला के चलते बरीसो से हुलाकी सडक निर्माण होखे सकल ना रहे । सडक निर्माण ना भईला से स्थानीय दुःख झेलत आईल रहलन ।
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह के पहल मे सडक निर्माण के ठेक्का लागला सँगे सडक अतिक्रमण करके बनावल गईल संरचना हटावल गईल बा । प्रतिमा चोक से कलैया ओरी जाएवाला करिब डेढ सय मिटर सडक निर्माण के खातिर अभी कन्सट्रक्सन ठेक्का मिलल बा ।
६९ लाख १५ हजार रोपेया मे हुलाकी सडक के मापदण्ड मे आवेवाला जेठ ३० गते भितर सडक तथा नाला निर्माण पुरा करेवाला किसिम से अभी कन्सट्रक्सन ठेक्का सकार करके सम्झौता कईल सडक डिभिजन कार्यालय हेटौँडा के डिभिजन प्रमुख इन्जिनियर राजेश कुमार यादव जानकारी देहनी ।
ठेकेदार कम्पनी के संचालक दिपु साह अब के एक महिना भितर मे निर्माण पुरा करके हस्तान्तरण करेवाला किसिम से आपन कम्पनी काम अगाडि बढावेके बतवनी । ‘सडक निर्माण के खातिर अवरोध के रुप मे रहल संरचना हटला सँगे (साइट क्लियर भईला सँगे) आजु से काम सुरु भईल बा,’ ठेकेदार कम्पनी के साह कहनी, ‘अब के एक महिना भितर सडक निर्माण पुरा करके हस्तान्तरण करेवाला किसिम से हमनी काम करेम ।






