मधेश मे ३ दलबीच जनमत पार्टी के नेतृत्व मे सरकार बनावेके सहमति
मधेश मे ३ दलबीच जनमत पार्टी के नेतृत्व मे सरकार बनावेके सहमति

जनकपुरधाम १७ जेठ
मधेश मे तीन दलबीच जनमत पार्टी के नेतृत्व मे सरकार बनावेके सहमति भईल बा ।
बियफे के दिने बईठल नेकपा एमाले, नेकपा माओवादी केन्द्र आ जनमत पार्टी के बईठक से जनमत पार्टी के नेतृत्व मे सरकार बनावेके सहमति कईल माओवादी नेता भरतप्रसाद साह जानकारी देहनी ।
सहमति मे एमाले संसदीय दल के नेता सरोजकुमार यादव, जनमत पार्टी के संसदीय दल के नेता महेशप्रसाद यादव आ माओवादी संसदीय दल के नेता भरतप्रसाद साह के हस्ताक्षर बा । बियफे के दिने भईल सहमति मे लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी आ एकीकृत समाजवादी के प्रतिनिधि के हस्ताक्षर नईखे ।
सरकार मे ई तीन दल सँगे एकीकृत समाजवादी आ लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी भी सहभागी होखेके सहमतिपत्र मे उल्लेख बा । १०७ सदस्यीय प्रदेशसभा मे नेकपा एमाले के सभामुख बाहेक २४, जनमत पार्टी के १३, माओवादी केन्द्र के ९, लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के ८ आ एकीकृत समाजवादी के ७ सांसद बाडन ।
३० वैशाख मे नेकपा एमाले आ माओवादी केन्द्र मधेश सरकार से समर्थन फिर्ता लेहला के बाद मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव विश्वास के मत लेवेके अवस्था मे बा । २१ जेठ से संसद के अधिवेशन आह्वान कईल बा आ २३ जेठ मे उ विश्वास के मत लेवेके तईयारी कईले बाडन ।






