पद के लडाई मे प्रादेशिक अस्पताल कलैया के आधा कर्मचारी के तलब आ भत्ता ना मिलल

प्रभु यादव /
बारा ०१ कातिक, बारा के प्रादेशिक अस्पताल कलैया के आधा कर्मचारी के वडा दशैं के समय मे तलब ना मिलल जनावल गईल बा ।
एक सय ५० जने कर्मचारी काम कर रहल बाडन जवना मे से अस्पताल विकास समिति के ओर तलब खाएवाला लोग के ना मिलल बा । अस्पताल प्रमुख डाक्टर सुनिल प्रसाद कुशवाहा आ अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष प्रकाश चौगाई के बात ना मिलला से कर्मचारी लोग तलब ना खाए सकल जनकारी मिलल बा ।
अस्पताल विकास समिति से करार आ ज्यालादारी सभे के तलब खियावेला निर्णय भईल माकिर डाक्टर सुनिल प्रसाद कुशवाहा, लेखापाल रामबालक यादव के नाम से रहल खाता ना सञ्चालन कईला से विकास समिति से राखल कर्मचारी सब तलब ना खाए सकल अध्यक्ष चौगाई के कहनाम रहल बा ।
प्रादेशिक अस्पताल कलैया के प्रमुख डाक्टर सुनिल प्रसाद कुशवाहा मधेश प्रदेश कार्यालय से आईल पत्र के नियम अनुसार कर्मचारी के तीन महिना के म्याद थप कर के तलब खियावल जाई नियम मे ना भईल कर्मचारी लोग के प्रक्रिया मे काम कर के बतवले बानी ।
अस्पताल विकास समिति के दरवन्दी मे रहल २५ जने निक साईमन्स संस्था के पाँच जने, सात जने डाक्टर सहित दैनिक ज्यालादारी जवन कवनो दरवन्दी ना भईल ४१ जने के समझौता ना भईल आ तलब ना मिलल बा । ज्यालादारी एक जने सहायक कम्प्युटर अपरेटर के करार दरवन्दी मे अस्पताल विकास समित निर्णय कर के राखले बा अस्पताल प्रशासन जनकारी करावले बा ।
मधेश प्रदेश सरकार के स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनकपुरधाम के कार्यालय से मिति २०८१÷६÷२ गते च.न. ४३८ पत्रचार कर के कवनो ज्यालादारी के कर्मचारी तलब ना खियावेला व्यवस्था भईल उल्लेख कईल गईल सभे प्रदेशिक अस्पताल मे पठावले बा । आवश्यकता रहल कर्मचारी के सूचना निकलकर के नियम से नियुक्ति करेला पत्र मे जनकारी करवले बा ।
प्रदेशिक अस्पताल विकास समिति सभे कर्मचारी के तीन महिना के तलब खियावेला निर्णय भईल जनकारी करावले बानी अस्पताल प्रशासन आर्थिक वरिस के कार्य नीति बजेट तईयार ना भईला से विकास समिति के दरवन्दी मे रहल कर्मचारी लोग के तलब ना खियावे सकल गईल बतावले बा ।
ज्यालादारी मे राखल कर्मचारी सभे अस्पताल विकास समिति के आन्तरिक निर्णय से राखल कर्मचारी हवे जवना के नियम विपरित तलब खियावेला दावा होरहल बा आ अस्पताल प्रमुख, स्टोर प्रमुख आ लेखा प्रमुख समय से अधिक काम करल कहके तलब के ७० प्रतिशत से होखेवाला भात्ता के समिति से निर्णय के बात ना मिलला से कर्मचारी सब के तलब ना मिले सकल स्रोत जनकारी करावले बा ।
प्रदेशिक अस्पताल कलैया राजनीतिक दल के कार्यकर्ता भर्ती कर के विकास समिति के पईसा खर्च करेवाला काम कईल नगरवासी के सिकायत रहल बा । डाक्टर आ विकास समिति के राजनिति दल के सिफारिस मे चुनाईल पदधिकारी सब पईसा खर्च करेला मातरे काम कररहल माकिर विकास करेके आ स्वास्थ्य पहुँच के काम शून्य मे कररहल बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास जनकारी करावले बानी ।





