पत्रकार महासंघ पर्सा आ भारतीय दूतावास बीच मैत्रीपूर्ण क्रिकेट, भारतीय दूतावास जितल

पत्रकार महासंघ पर्सा आ भारतीय दूतावास बीच मैत्रीपूर्ण क्रिकेट, भारतीय दूतावास जितल

वीरगंज २४ फागुन

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा आ भारतीय महावाणिज्य दूतावास वीरगंज बीच शनिचर के दिने मैत्रीपूर्ण क्रिकेट प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।

वीरगंज के ज्ञानदा एकेडेमी के खेल मैदान मे भईल क्रिकेट खेल मे भारतीय महावाणिज्य दूतावास ६ विकेट से जितल बा ।

१५ ओभर के खेल मे टस जितके पहिलका व्याटिङ कईल नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के टोली आठ ओभर खेलत २४ रन मे अलआउट भईल रहे । २५ रन के लक्ष्य लेके जवाफी व्याटिङ कईल भारतीय महावाणिज्य दूतावास ४ विकेट के क्षतिमा लक्ष्य पुरा करत जित हासिल कईलख ।

खेल के म्यान अफ द म्याच नेपाल पत्रकार महासंघ के खेलाडी सद्दाम हुसैन भईनी । उनका के महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीणा शील्ड प्रदान कईले रहनी । खेल के माध्यम से पत्रकार आ भारतीय महावाणिज्य दूतावास बीच के सम्बन्ध सुमधुर बनावेमे सहजोग पुगेके अपेक्षा कईल महावाणिज्यदूत मीणा बतवनी । एहितरे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल खेल जितेके आ हारे से भी आपसी सम्बन्ध के निरन्तरता देवे खातिर खेल के निरन्तरता देवेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।