वीरगंज महानगर के वार्ड ९ आ १० में रीमा यादव के जोरदार घर-घर जनसंपर्क, सूर्य चिन्ह पर वोट देवे के अपील

वीरगंज महानगर के वार्ड ९ आ १० में रीमा यादव के जोरदार घर-घर जनसंपर्क, सूर्य चिन्ह पर वोट देवे के अपील

वीरगंज १२ फागुन

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर ९ आ १० में उम्मीदवार रीमा यादव के घरदैलो कार्यक्रम सफलतापूर्वक संपन्न भइल बा। कार्यक्रम के दौरान उम्मीदवार यादव स्थानीय मतदाता लोग से सीधा भेटघाट कइनी आ जनता के समस्या, सुझाव आ अपेक्षा के ध्यान से सुनली।
आगामी फागुन २१ गते होखे वाला निर्वाचन में सूर्य चिन्ह पर मतदान करके अपना के विजयी बनावे के अपील करत उहाँ मतदाता लोग से समर्थन मांगीं। घर-घर पहुंच के जनता से संवाद करत उहाँ कहलें कि जनता के समस्या समझल आ ओकर समाधान खोजल हमनी के पहिला कर्तव्य बा।
कार्यक्रम के दौरान स्थानीय बासिंदा लोग सड़क स्तरोन्नति, ढल निकास व्यवस्था, शुद्ध पीने के पानी, स्वास्थ्य सेवा के सुधार, विद्यालय में पढ़ाई के गुणवत्ता बढ़ावे, रोजगारी के अवसर सृजन आ युवा खातिर खेलकूद पूर्वाधार निर्माण जइसन बुनियादी जरूरत पर ध्यान देवे के मांग रखलस। जवाब में उम्मीदवार यादव एह सभे मुद्दा के प्राथमिकता में राखे के भरोसा दिलवली। उहाँ कहलें, “जनता के विश्वास मिलल त जीत के बाद विकास के काम जमीन पर उतारल जाई।”
घरदैलो कार्यक्रम के दौरान कई जगह स्थानीय महिला आ युवा वर्ग के उत्साहजनक सहभागिता देखे के मिलल। बासिंदा लोग फूलमाला आ खादा पहिराके उम्मीदवार आ उनका टीम के स्वागत कइलस।
एह अवसर पर प्रभु हजरा, विजय सरावगी, बिचारी यादव, मनोज कुशवाहा, अजय गुप्ता, अंगद गुप्ता सहित कई नेता–कार्यकर्ता आ समर्थक लोग के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।