लाइसेंस बनावे में ‘खेल’: कलैया यातायात बारा ऑफिस फेर विवाद तेज 

लाइसेंस बनावे में ‘खेल’: कलैया यातायात बारा ऑफिस फेर विवाद तेज 

बारा ५ चैत्र

बारा जिला के कलैया में स्थित यातायात व्यवस्था कार्यालय बारा फेर विवाद के घेर में आईल बा। सेवाग्राही लोग आरोप लगावत बा कि लाइसेंस वितरण प्रक्रिया में भारी अनियमितता हो रहल बा आ ‘किनबेच’ जइसन हालत बन गइल बा।

सेवाग्राही लोग के कहनाम बा कि सवारी चालक अनुमतिपत्र (लाइसेंस) बनावे के प्रक्रिया—बायोमेट्रिक से लेके लिखित आ ट्रायल परीक्षा तक—हर चरण में अवैध चलखेल हो रहल बा। सेवाग्राही लोग के आरोप बा कि कुछ कर्मचारी लोग बिचौलिया लोग के सहारा लेके पैसा लेत बा आ लाइसेंसमे पास करावे के ‘गारंटी’ भि लेत बा लोग ।

नाम ना बतावे के शर्त पर एक सेवाग्राही बतवलन, “सिधा तरीका से लाइसेंस बनावल बहुत मुश्किल बना देल जाला, लेकिन पैसा देवे पर आसानी से पास करावे के बात होला।” ऊ कहलन कि ऑफिस परिसर में ही बिचौलिया सक्रिय बा, जे लोगन के बहकावे के काम करत बा।

उधर, कार्यालय प्रमुख ई सब आरोप के सिरे से खारिज कइले बाड़न। ऊ कहले बाड़न कि प्रक्रिया के पारदर्शी बनावे खातिर कार्यालय प्रतिबद्ध बा, आ अगर केहू दोषी पावल जाई त ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई होई। साथे सेवाग्राही लोग से अपील कइले बाड़न कि कवनो समस्या होखे त सीधे कार्यालय में शिकायत करे।

स्थानीय सूत्रन के मुताबिक, कई दिन से कर्मचारी आ बिचौलिया के मिलिभगत से सेवा प्रभावित हो रहल बा। एहसे आम जनता परेशान बा आ कार्यालय पर भरोसा घटत जा रहल बा।

अब स्थानीय लोग मांग करत बा कि संबंधित निकाय तुरन्त छानबिन करे आ दोषी लोग पर सख्त कार्रवाई कइल जाव, ताकि पारदर्शिता आ सुशासन कायम रह सके।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।