जंगल बचावल संगे पर्यापर्यटन बढ़ावे के नया अभियान शुरू
जंगल बचावल संगे पर्यापर्यटन बढ़ावे के नया अभियान शुरू

पर्सा २१ चैत
पर्सागढ़ी नगरपालिका–३ झवराह में स्थित ईन्दु झवराह जंगल रिसोर्ट वन संरक्षण आ पर्यापर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर नया अभियान शुरू कइले बा। एह क्रम में सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के नया निर्वाचित पदाधिकारी आ सदस्यन के एगो कार्यक्रम में स्वागत आ सम्मान कइल गइल।
रिसोर्ट परिसर में भइल कार्यक्रम में संचालक लोग नया सदस्यन के खादा पहिनाके सम्मानित कइलस। एह कार्यक्रम में पर्सा राष्ट्रीय निकुञ्ज के प्रमुख रामचन्द्र खतिवडा, डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख मन्जुर अहमद, सबैया सब–डिभिजन कार्यालय के रेन्जर कविता दास, साथै समूह के अध्यक्ष लखनलाल साह आ उपाध्यक्ष असलम आलम समेत कई गो सरोकार वाला लोग के उपस्थिति रहल।
“वन बचाईं–पर्यावरण बचाईं” के नारा के साथ आयोजित एह कार्यक्रम में वन संरक्षण आ पर्यटन विकास के एकसाथ आगे बढ़ावे पर जोर दिहल गइल। रिसोर्ट के प्रबन्धक मणिन्द्रलाल नेपाली बतवलें कि पर्सा इलाका में पहिला बेर जंगल रिसोर्ट के माध्यम से प्रकृति, वन्यजन्तु आ जैविक विविधता के अवलोकन करावे के लक्ष्य राखल गइल बा।
ऊ कहलें कि पर्यटन बढ़ावे खातिर कुछ जरूरी पूर्वाधार के विकास भी जरूरी बा। एह में साझेदारी वन से पर्सा राष्ट्रीय निकुञ्ज के महादेव पोस्ट ले ग्राभेल सड़क बनावे, हाथ्तीसार चालू करे, खाली पड़ल पोखरी इलाका में भ्यू टावर बनावे आ वन्यजन्तु खातिर पानी के व्यवस्था करे के योजना शामिल बा।
एह साथे जंगल में अनियंत्रित मानव प्रवेश से बढ़त वन विनाश पर चिन्ता जतावत तारबार लगाके एकद्वार प्रणाली लागू करे के सुझाव भी दिहल गइल। रिसोर्ट एह संरचना के निर्माण आ व्यवस्थापन के जिम्मेदारी लेवे खातिर तैयार बा।
कार्यक्रम में बोलत वक्ता लोग कहले कि अगर वन संरक्षण, स्थानीय सहभागिता आ पर्यापर्यटन विकास के संतुलित रूप से आगे बढ़ावल जाए, त पर्सा के एगो आकर्षक पर्यटक गंतव्य बनावल जा सकेला।





