अमानविय काम कईल कहत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज ०७ कातिक

खानेपानी तथा ढल व्यवस्थापन आयोजना कार्यालय, जनकपुर के प्रमुख ई. राजेश कुशवाहा उपर भईल अमानवीय ब्यवहार के विरुद्ध मे आजु वीरगंज मे इन्जिनियरलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।

नेपाल इन्जिनियर्स एशोसिएसन वीरगंज के आयोजना मे वीरगंज के घण्टाघर से सुरु भईल बिरोध जुलुस महाईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर मे पुग के पुरा भईल इन्जिनियर रबि भुषण पटेल जानकारी देहनी ।

इन्जिनियरलोग वीरगंज के घण्टाघर मे जम्मा होके दोषी उपर कारवाही कर, पिडित के न्याय दे, सिके राउत मुर्दाबाद, सिके चोर देश छोड लगायत के नारा लगावत नगर परिक्रमा कईले रहलन ।

जनकपुर मे सिके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी के कार्यकर्ताहरुद्वारा इन्जिनियर कुशवाहा उपर भईल अमानविय ब्यवहार के विरुद्ध मे प्रदर्शन कईल नेपाल राष्ट्रिय इन्जिनियरिङ संगठन पर्सा के अध्यक्ष ई. बन्टी चौरसिया बतवनी । उ अमानविय ब्यवहार करेवाला दोषी उपर कारवाही करेके माग भी कइनी । प्रदर्शन मे इन्जिनियरलोग हाथ मे करिया पट्टी बान्हके सहभागी भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।