वीरगंज के मेयर राजेशमान सिंह समेत सात जने पर भ्रष्टाचार के मुद्दा दर्ता 

वीरगंज के मेयर राजेशमान सिंह समेत सात जने पर भ्रष्टाचार के मुद्दा दर्ता 

वीरगञ्ज २५ जेठ

अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह समेत सात जने खिलाफ भ्रष्टाचार के मुद्दा दायर कइले बा। आरोप बा कि दोसरा के बेटी के अपना बेटी बताके झूठ विवरण के आधार पर नेपाली नागरिकता दिलावल गइल।

अख्तियार के अनुसार, सिन्धुपाल्चोक के इन्द्रावती गाउँपालिका–१० निवासी रीता भट्टराई के बेटी रूबिना भट्टराई के “रूबिना श्रेष्ठ” बनाके नागरिकता दिलावे खातिर फर्जी जन्मदर्ता बनावल गइल रहे।

आरोपपत्र में कहल गइल बा कि वि.सं. २०७१ कात्तिक २० गते वीरगंज–३ में झूठ विवरण राखके जन्मदर्ता प्रमाणपत्र बनावल गइल आ ओहि आधार पर वडा कार्यालय से सिफारिस लेके जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से २०७५ साउन १३ गते नागरिकता जारी करावल गइल।

एह मामिला में मेयर राजेशमान सिंह आ बालिका के माई रीता भट्टराई पर मुख्य सहयोगी (मतियार) बने के आरोप बा। ओकरे अलावा तत्कालीन वडासचिव भिखारी राय आ कार्यवाहक वडाध्यक्ष तैफुल अख्तर ठकुराई पर जानी-बुझी गलत सरकारी कागज बनावे के अभियोग लागल बा।

एह मामला में जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के तत्कालीन प्रशासकीय अधिकृत षडकुमार पोखरेल के भी प्रतिवादी बनावल गइल बा। साथे गृह मन्त्रालय के तत्कालीन उपसचिव पुस्कर राना आ शाखा अधिकृत पर्शुराम पोखरेल पर भी गलत प्रतिवेदन तयार करे के आरोप में मुद्दा दायर भइल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।