वीरगंज मे मोटरसाइकल चोरी मे घटना बढल, पत्रकारलोग जिप्रका के ध्यानाकर्षण करवलें

वीरगंज २९ पुस

वीरगंज के सुरक्षा व्यवस्था कमजोर भईला सँगे मोटरसाइकल चोरी के घटना बढल बा ।

वीरगंज के अनेकन जगहा से दिनदहाडे मोटरसाइकल चोरी के घटना बढे लागला के बाद आजु पर्सेली पत्रकारलोग एक टोली जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के ध्यानाकर्षण करवले बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के नेतृत्व मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पुगल टोली प्रहरी नायब उपरिक्षक मनोजित कुंवर से भेट करके मोटरसाइकल चोरी के बारे मे ध्यानाकर्षण करवले रहलन ।

पत्रकारलोग के सिकाईत सुनला के बाद पर्सा पुलीस के प्रवक्ता भी रहल कुंवर मोटरसाइकल चोरी के घटना नियन्त्रण करे खातिर आजु से हि पर्सा पुलीस तदारुकता के साथ लागेके प्रतिवद्धता जनवनी ।

उ टोली मे प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्यद्वय राघव साह, वृजलाल पासवान, प्रदेश सदस्यलोग बिजय भण्डारी, किरणराज पाण्डे, संजिव मिश्रा, प्रमोद यादव, संघिय प्रेस फोरम पर्सा के अध्यक्ष आरके पटेल, पत्रकारलोग मनोज पटेल, अजय चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

मंगर के दिन वीरगंज से प्रकाशित होखेवाला पर्दाफास दैनिक के प्रकाशक÷प्रबन्ध निर्देशक राघव साह के मोटरसाईकल चोरी भईल रहे ।

पत्रकार साह काम विशेष से पर्सा जिल्ला अदालत गईला पर राधेमाई चौक अदालत एरिया से चोरी भईल घटना के बारे मे भी पुलीस के जानकारी करावत खोजी करे खातिर माग कईले रहलन ।

पत्रकार साह के नाम मे दर्ता रहल ना ४६ प ६१८१ नं. के सुपर स्पेलेण्डर करिया रंग के मोटरसाईकल पर्सा जिल्ला अदालत से पश्चिम, साउथ जोन बोर्डिङ्ग स्कूल से दक्षिण, श्री वैष्णो देवी वचत तथा ऋण सहकारी संस्था के अगाडि सडक किनार मे पार्किङ्ग करके राखल अवस्था मे मोटरसाईकल करिब २ः३० बजे के समय मे चोरी भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।