पूर्व मुख्यमंत्री जितेन्द्र सोनल फेटा में विकास कार्य के निरीक्षण कइलन, प्रदेश के अधिकार लागू करे पर देलन जोड
पूर्व मुख्यमंत्री जितेन्द्र सोनल फेटा में विकास कार्य के निरीक्षण कइलन, प्रदेश के अधिकार लागू करे पर देलन जोड

बारा ३ सावन
मधेश प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) नेपाल के वरिष्ठ नेता जितेन्द्र सोनल बारा जिला के फेटा गाउँपालिका–३, फेटा पहुँच के स्थानीय अगुवा, समाजसेवी आ सर्वसाधारण से भेंटघाट कइलन आ क्षेत्र में चल रहल विकास निर्माण के काम के स्थलगत निरीक्षण कइलन।
एह अवसर पर सोनल कहलन कि संघीय लोकतान्त्रिक व्यवस्था तबे सफल होई जब संविधान में प्रदेश सरकार के मिलल अधिकार पूरा रूप से लागू होई। ऊ कहलन कि प्रदेश सरकार के अधिकार, बजट आ संसाधन के सही उपयोग से गाँव-गाँव तक विकास पहुँचे के चाहीं।
पूर्व मुख्यमंत्री सोनल कहलन कि भले ऊ आज सरकार में नइखन, बाकिर जनता के प्रतिनिधि के नाता से मधेश के विकास, प्रदेश के अधिकार आ जनहित के मुद्दा खातिर लगातार आवाज उठावत रहिहें। विकास योजना के निगरानी करे, जनता के समस्या सुने आ सम्बन्धित निकाय तक पहुँचावे के जिम्मेवारी ऊ हमेशा निभावत रहिहें।
निरीक्षण के दौरान उहाँ सड़क, शिक्षा, स्वास्थ्य, सिंचाई, खानेपानी आ अन्य पूर्वाधार सम्बन्धी विकास योजना के प्रगति आ गुणस्तर के जानकारी लिहलन। स्थानीय समाजसेवी आ बुद्धिजीवी लोग क्षेत्र के विकास से जुड़ल कई गो समस्या आ सुझाव भी उहाँ समक्ष रखलन।
सोनल कहलन कि प्रदेश सरकार के काम खाली बजट खर्च करे तक सीमित ना होखे के चाहीं, बल्कि जनता के जीवन स्तर में सुधार लियावे, रोजगार बढ़ावे, कृषि, शिक्षा, स्वास्थ्य आ आधारभूत पूर्वाधार के मजबूती देवे पर विशेष ध्यान देवे के चाहीं।
स्थानीय अगुवा लोग पूर्व मुख्यमंत्री सोनल के नियमित जनसम्पर्क, विकास कार्य के निरीक्षण आ जनता के समस्या प्रति देखावल संवेदनशीलता के सराहना करत प्रदेश के अधिकार के पूर्ण कार्यान्वयन खातिर निरन्तर पहल करे के आग्रह कइलन।
कार्यक्रम के अन्त में सोनल कहलन कि “सरकार में रहीं चाहे विपक्ष में, मधेश के विकास, प्रदेश के संवैधानिक अधिकार आ जनता के हित खातिर हमार संघर्ष आ आवाज हमेशा जारी रही।”






