स्रोत ना खुलल ७ लाख रोपेया सहित साह पकडईलें

मेवालाल यादव

रौतहट २१ पुस

रौतहट मे श्रोत ना खुलल अबैध नेपाली रोपेया सहित एक आदमी के पकडले बा ।

सोमार के दिने करिब ०९ः३० बजे के समय मे ईलाका प्रहरी कार्यालय मौलापुर से खटल पुलीस टोली जिल्ला रौतहट मौलापुर नगरपालकिका वार्ड नं. ५ मे चेकजाँच करेके समय मे भारत से नेपाल ओरी आ रहल प्रदेश –१–०२०४२ प २००० नम्बर के सुपर स्पलेन्डर मोटरसाईकल मे सवार रहल बारा सिम्रोनगढ नगरपालिका वार्ड नं. १ खजानी टोल रहेवाला १७ बरीस के धिरेन्द्र साह के चेकजाँच कईला पर उ झोरा भितर से स्रोत ना खुलल ८ रोपेया मिलल रहे ।

भारत से लियावल स्रोत ना खुलल अबैध नेपाली रोपेया आठ लाख मिलला से उ रोपेया सहित साह के नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारवाही के खातिर गौर भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट गौर जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।