एगो पेड़ काटला पर दस गो पेड़ लगाईं’ : वनमन्त्री चौधरी
एगो पेड़ काटला पर दस गो पेड़ लगाईं’ : वनमन्त्री चौधरी

पर्सा २४ सावन
सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह, पर्सा के पहिलका साधारण सभा सम्पन्न भइल बा। समूह के अध्यक्ष लखनलाल साह कानु के अध्यक्षता में भइल कार्यक्रम में मधेश प्रदेश सरकार के वन तथा वातावरणमन्त्री शंकरप्रसाद चौधरी प्रमुख अतिथि के रूप में सहभागी रहलें।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत मन्त्री चौधरी कहलें कि एगो पेड़ काटला पर कम्ती में दस गो पेड़ लगावे के नीति साझेदारी वन उपभोक्ता समूह अपनावे के चाहीं। टिकाउ वन व्यवस्थापन खातिर सरकार के साथे स्थानीय जनता भी वृक्षारोपण आ वन संरक्षण में सक्रिय होखे के जरूरी रहल उनकर कहल बा।
उहाँ कहलें कि २०३६ साल से होत आइल वन विनाश के नियन्त्रण करे खातिर साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के अवधारणा आगे बढ़ावल गइल रहे। वन संरक्षण के मूल उद्देश्य पूरा करे खातिर सभे पक्ष जिम्मेवार बनके आगे बढ़े के जरूरत बा।
वन में काठ सड़के नष्ट हो रहल बा, बाकिर उपभोक्तन के आवश्यकता अनुसार काठ सहज रूप में उपलब्ध ना होखे के विषय भी गम्भीर रहल मन्त्री चौधरी बतवलें। वन व्यवस्थापन आ काठ उपभोग से जुड़ल झन्झटिला नियम के सरल आ सहज बनावे खातिर सम्बन्धित सभे पक्ष पहल करे के चाहीं, उनकर जोर रहल।
कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि मधेश प्रदेश के भूमि व्यवस्था तथा सहकारीमन्त्री श्याम पटेल कुछ लोग के निजी स्वार्थ के चलते साझेदारी वन के प्रभावकारी व्यवस्थापन ना हो पावल के आरोप लगवलें। साझेदारी वन के जिम्मेवार पदाधिकारी लोग वन के खाली व्यापारिक दृष्टि से ना देखके सामाजिक सेवा के भावना से वन संरक्षण आ व्यवस्थापन में लागे के चाहीं, उनकर कहल बा।
वन बचावल सरकार के खाली जिम्मेवारी ना होके सभे नागरिक के साझा दायित्व ह, मन्त्री पटेल कहलें। वन संरक्षण खातिर सभे पक्ष एकजुट होखे के जरूरत रहल उनकर भनाइ बा।
मन्त्री पटेल मधेश प्रदेश के किसान खेतीपाती खातिर जरूरी रासायनिक मल के अभाव झेल रहल बतवलें। संघीय सरकार से पर्याप्त मल उपलब्ध ना भइला के चलते समस्या पैदा भइल उनकर कहल बा। प्रदेश सरकार के कागज पर मल उपलब्ध भइला के बाद ओकरा स्थानीय तह में समय पर हस्तान्तरण करके किसान तक पहुँचावे के काम होत रहल उनकर जानकारी बा।
कार्यक्रम में जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख निरञ्जनप्रसाद साह सोनार, डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख मन्जुर अहमद, सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के उपाध्यक्ष असलम आलम लगायत सदस्य श्रवण साह, भैयाराम पटेल, जगतनारायणप्रसाद यादव, सुरेशकुमार, राजीव साह सोनार, रामअयोध्या राउत अहिर, राधिका भक्त लामा आ रिता देवी कलवारिन लगायत के उपस्थिति रहल।
ओहिसेगरी सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल नं. १३ गण हेडक्वार्टर पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक मोहनबहादुर क्षेत्री लगायत विभिन्न क्षेत्र के प्रतिनिधि आ सरोकारवाला लोग के सहभागिता रहल। कार्यक्रम के सञ्चालन जवाहर प्रसाद कुर्मी कइले रहलें।






