राजकुमारी एस्ट्रिड के भरतपुर मे भव्य स्वागत

चितवन, ८ माघ,
बेल्जियम के राजकुमारी एस्ट्रिड के आजु भरतपुर मे भव्यरुप मे स्वागत कईल गईल बा । नवलपरासी के मध्यबिन्दु जिल्ला अस्पताल मे होखेवाला एगो कार्जक्रम मे सहभागी होखे आईल राजकुमारी एस्ट्रिड के भरतपुर महानगरपालिका औपचारिकरुप मे पञ्चैबाजा के साथ मे स्वागत कईले बा ।
भरतपुर महानगरपालिका प्रमुख रेनु दाहाल आ उपप्रमुख पार्वती शाह विमानस्थल मे पुग के फूलमाला से राजकुमारी एस्ट्रिड के स्वागत कईले रहनी । उ अवसर मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी नारायण भट्टराईसहित जिल्ला के सुरक्षा प्रमुखलोग के उपस्थिति रहल रहे ।
विमानस्थल बाहर महानगरपालिका राजकुमारी एस्ट्रिड के पञ्चैबाजा के साथ स्वागत कईले रहे । राजकुमारी के स्वागत मे बेल्जियम के खातिर नेपाली राजदूत लोकबहादुर थापा भी सहभागी भईल रहनी । राजकुमारी एस्ट्रिड के महानगरपालिका प्रमुख दाहाल महानगर के बारे मे जानकारी करवले रहनी । उहाँ के पर्यटकीय, भौगोलिक, सांस्कृतिक महत्व के विषय मे दाहाल जानकारी देहले रहनी । दाहाल सँगे राजदूत थापा जिल्ला के महत्व के बारे मे राजकुमारी एस्ट्रिड के अवगत करवले रहनी ।
राजकुमारी एस्ट्रिड सँगे उनकर मरद राजकुमार लोरेन्ज सहित सात जने के समूह सहभागी भईल रहे । इहे माघ ५ गते के दिन नेपाल आईल एस्ट्रिड ११ गते स्वदेश फिर्ता होखेके कार्जक्रम रहल बा । राजदूत थापा के मुताविक राजकुमारी एस्ट्रिड नेपाल के राष्ट्रपति, उपप्रधान तथा रक्षामन्त्री, परराष्ट्रमन्त्री, स्वास्थ्यमन्त्री, पर्यटनमन्त्री लगायत से भेट कईले बानी ।
एहितरे उ भक्तपुर के दरवार क्षेत्र, बौद्धनाथ स्तूप, काठमाण्डु के अनेकन जगहा आ धनगढी के भ्रमण कईले बानी । उ आजु नवलपरासी से फिर्ता होके मेघौली रहेके कार्जक्रम रहल बा । राजकुमारी एस्ट्रिड दु दिन तक चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज मे निजी घुमफिर मे रहेके राजदूत थापा जानकारी देहनी ।






