पार्टी के अस्तित्व बँचावे खातिर काँग्रेस के सचेत भईल जरुरी :- केन्द्रीय सदस्य कोइराला

विराटनगर, ११ माघ,
नेपाली काँग्रेस के केन्द्रीय सदस्य सुुजाता कोइराला पार्टी के अस्तित्व के बँचावे खातिर नेपाली काँग्रेस के सचेत भईल जरुरी रहल बतवले बानी ।
नेप्रेस युनियन मोरङ शाखाद्वारा आजु कोइराला निवास मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ पार्टी के जीवित राखे खातिर नेतृत्व बदलेके बिचार रखनी ।
नेत्री कोइराला हमरा से भी पार्टी बढिया होखो कहके बनावे खातिर नेतृत्व मे नयाँ चेहरा जरुरी रहल चर्चा करत सहमति, सहकार्य आ एकता के साथ अगाडि बढेके नेतृत्व के जरुरत रहल बतवनी ।
पार्टी के बरियार बनावे खातिर शीर्षस्थ नेता मे पदोलुप्ता लउकेके ना होखी कहके तर्क करत उ नेतालोग आपन स्वार्थ के छोडेके सुझाव देहनी । पार्टी के नयाँ गति एवं ऊर्जा प्रदान करे खातिर कोइराला परिवार के हमनी तीन जने एक जगहा मे खडा भईल प्रसङ्ग उल्लेख करत उ जरुरत पडला पर नेतृत्व लेवे खातिर तइयार रहल बिचार रखनी ।
नेत्री कोइराला सभी के मिला के लेजाए के क्षमता कोइराला परिवार मे अभी भी बा कहत सभी के समेट के लेजाए सकेके नेतृत्व अईला पर खुद नेतृत्व के खातिर दाबी ना करेके बतवनी ।
काँग्रेस रहला पर हमनी सभी रहेके मानसिकता बनावे खातिर नेतृत्व के सुझाव देत उ बहुचर्चित एमसिसी परियोजना राष्ट्र हित मे रहल जानकारी देहनी । ई परियोजना से राष्ट्र के बडका धनराशि प्राप्त होखेवाला भईला से सरकार संसद् से स्वीकृत करावे के बतावत उ परियोजना मे कुछ बुँदा मे गलती बा आ एकरा से सँचियावे के उल्लेख कइनी ।





