क्यान ईन्फाटेक आईटि मेला २०२० चउथका दिन भी जारी

वीरगंज १२ माघ,
क्यान महासंघ पर्साद्धारा आयोजना कईल क्यान ईन्फाटेक आईटि मेला २०२० चउथका दिन भी जारी रहल बा । माघ ९ गते से सुरु भईल क्यान ईन्फोटेक २०२० के एतवार के दिने करिब १५००० से बेसी अवलोकन कईले बाडन ।
सुचना प्रविधी क्षेत्र से सम्बन्धीत करिब ६० से बेसी स्टल राखल गईल क्यान ईन्फोटेक २०२० विधार्थीलोग के अध्ययन स्थल भी बनत गईल बा । “सुचना प्रविधी के बारे मे बहुते जानकारी मिलल, अब भविष्य मे रोबोटिक्स मे लागेके ईच्छा बा । रोबोटिक्स के बारे मे भी बहुते जानेके मिलल मेला मे सहभागी मुनलाईट मावि के विद्यार्थी निक्की साह बतवनी ।
एवतरा के क्यान ईन्फोटेक २०२० मे सांस्कृतिक प्रस्तुती, आईटि कन्फ्रेन्स, मोटिभेस्नल सेमिनार लगायत भी समेटल गईल रहे । चउथका दिन के क्यान ईन्फोटेक मे वीरगंज पब्लिक कलेज के निर्देशक डा. दिपक शाक्य, पिरामिड कलेज के निर्देशक विजय यादव, वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई, सिटिजन्स् बैंक ईन्टरनेश्नल प्रदेश २ के प्रमुख दिवश सिंह ठकुरी, उत्प्रेरक डा. नारायण प्रसाद आचार्य लगायत के विशेष उपस्थिती रहल रहे ।
माघ १३ गते तक चलेवाला क्यान ईन्फोटेक मे युवा लक्षित अनेकन प्रतियोगितासब भी आयोजना कईल गईल बा ।
पब्जी टुर्नामेन्ट पुरा भईला पर भी टिकटाक प्रतियोगिता आ रजिस्टर टु विन लगायत के प्रतियोगितासब के विजेता घोषणा करेके बाँकी बा । ई प्रतियोगिता के विजेतालोग के नाम सोमार के दिने घोषणा होखी ।
क्यान ईन्फोटेक विशेषतः सुचना प्रविधी से सम्बन्धित संघसंस्थासब के प्रचारप्रसार करेवाला जगहा ह । क्यान ईन्फोटेक वीरगंज मे दुसरका बेर आयोजना भईल बा । एकरा से अगाडि सन् २०१८ मे आयोजना भईल रहे ।





