बचतकर्ता के ठगी करेवाला प्राइम साकोस संचालक समिति के पुलीस ना पकडला से अनेकन शंका बढल आरोप

वीरगंज १३ माघ,

वीरगंज के लिंकरोड मे रहल प्राइम बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड करोडो रोपेया लेके भागला एक बरीस बिते लागला पर भी पर्सा पुलीस संचालक समिति के अभी भी पकडे नइखे सकल ।

बचतकर्ता के करोडो रोपेया लेके फरार भईल सहकारी संस्था से पीडितलोग पत्रकार सम्मेलन करके पुलीस सहजोग ना कईल आरोप लगवले बाडन । नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे स्थानिय १४ सय जने संस्था मे जम्मा कईल करिब १० करोड रोपेया संस्था के संचालक समिति के अध्यक्ष सहित के लोग उ पइसा लेके भागला एक बरीस बिते लागला पर भी पुलीस से ना पकडल आरोप लगवले बाडन ।

बचतकर्ता के करोडो रोपेया लेके भागला पर पीडितलोग लिखित जाहेरी देहला पर भी पुलीस उलटे धम्कावत आईल आरोप लगवले बाडन । पत्रकार सम्मेलन मे पीडित राजदेव महतो अहिर के कित्ता नं. ५९२ के दु कट्ठा जमिन प्राइम सहकारी मे धरौटी राख के रु २५ लाख कर्जा लेहल आ उ जमिन फेनु सहकारी राष्ट्रिय सहकारी बैंक मे धरौती राख के रु ४५ लाख कर्जा लेहला के चलते खुदसब समस्या मे पडल बतवले बानी । उ प्राइम सहकारी आपन ऋणीलोग धरौटी राखल जमिन अनधिकृतरूप मे आउर सहकारी मे उहे जमिन धरौटी राख के कर्जा लेके समस्या मे पाडल आ ई बारेमे अभी तक सम्बन्धित निकाय सुनवाइ ना कईल बतवनी ।

बचतकर्ता आपन खुनपसेना बहा के संस्था मे जम्मा कईल करोडो रोपेया लेके संचालक समिति के अध्यक्ष राजेश पटेल आ कोषाध्यक्ष उनकर मेहरारु रिता कुमारी पोखरेल नेपाल मे मौजमस्ती कर रहला पर भी पुलीस पकडे नइखे सकल । पटेल आपन परिवार सहित गृह जिल्ला रौतहट के सखुवा धमौरा वार्ड नम्बर ७ मे जनता के पइसा से विलासी जिवन विता रहल बाडन ।

वीरगंज छपकैया निवासी देवनारायण भँडेल उ सहकारी मे मुद्दती खाता आ दैनिक बचत खाता मे जम्मा कईल रु डेढ करोड डुबल बतवनी । जमीन बेंचके लिअईला के बाद सहकारी के सञ्चालक एवं अध्यक्ष राजेश पटेल खुद के भुलिया के पइसा जम्मा करे लगावल आ भुक्तानी देवेके समय मे बेपत्ता भईल बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे उमेशकुमार गुप्ता भी खुद से जम्मा कईल पईसा लेके सहकारी सञ्चालकलोग फरार रहल बतवनी ।

खैरुल नेसा, अदिना खातुन, सैनाह खातुन दैनिक ज्यालादारी करके बचत कईल पइसा भी प्राइम सहकारी डुबावल बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे उ जनानीलोग बेटी के बियाह करेके, साहु महाजन के कर्जा तिरेके लगायत के समस्या भोगेके पडल आ ई बारेमे सरोकारवाला निकाय अभी तक ध्यान ना देहला मे दुःख जनवनी ।

सहकारी के फरार सञ्चालकलोग के खोजतलाश करेके बात मे पुलीस सक्रियता ना देखावल उलोग के आरोप बा । पीडितलोग अध्यक्ष पटेल, उपाध्यक्ष भारती गुरुङ, लक्ष्मण तिवारी, महासचिव रूपेश गुप्ता, कोषाध्यक्ष पोखरेल, सचिव शिक्षा थापा, सदस्य सुमीतकुमार शर्मा, बजार प्रतिनिधि महावीर ठाकुर, अनिल यादव लगायत विरुद्ध किटानी जाहेरी देहला पर भी पुलीस अभी तक केहु के भी ना पकडल बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे सहभागि वीरगंज २ छपकैया के खैरुन नेसा के ७५ हजार, आदिना खातुन के १ लाख ६० हजार, रामपुकार कुशवाहा के ३ लाख २५ हजार, उमेश कुशवाहा के २३ लाख, बारा कलैया निवासी अभी वीरगंज रहत आर्यल मनोज दुवे के ४ लाख ८० हजार लगायत १४ सय बचतकर्ता के करिब १० करोड रोपेया लेके भागल बाडन ।

न्याय के खातिर जिप्रका पर्सा मे पुगला पर उलटे मुद्दा शाखा मे सुनवाइ ना होखेके आ अपमानित करत आईल उलोग के आरोप बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।